टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बिहार के मंत्री के जान से मारे के धमकी, लॉरेंस बिश्नोई के नाव से आइल फोन

08:50 AM Jan 15, 2025 IST | Minee Upadhyay
बिहार के मंत्री के जान से मारे के धमकी
Advertisement

बिहार सरकार के श्रम संसाधन मंत्री संतोष कुमार सिंह के जान से मारे के धमकी मिले के मामला सोझा आईल बा।  संतोष कुमार सिंह मंगल का दिने दावा कइलन कि अपना के गुंडा लॉरेंस बिश्नोई बतावे वाला आदमी उनुका के जान से मारे के धमकी दिहले रहुवे.  श्रम संसाधन मंत्री संतोष कुमार सिंह भी मंगल के एs मामला में पुलिस में शिकायत दर्ज करवले बाड़े।  पुलिस एs समूचा मामला के छानबीन शुरू कs देले बिया।

Advertisement

30 लाख रुपया मंगले

श्रम संसाधन मंत्री संतोष कुमार सिंह धमकी देवे वाला फोन के बारे में पूरा जानकारी देले बाड़े।  उs बतवले- "मंगल के हमरा मोबाइल पs फोन आईल। फोन करेवाला अपना के लॉरेंस बिश्नोई बतवलस। उs 30 लाख रुपया मंगले।"  संतोष कुमार सिंह बतवले कि फोन करेवाला पईसा भेजे के तरीका भी बतवले रहे.

बाबा सिद्दीकी जइसन मारे के धमकी
मंत्री संतोष कुमार सिंह बतवले कि फोन करेवाला उनुका के एक बेर फेर फोन कs के बाबा सिद्दीकी हत्याकांड के याद दिला देलस। कहलस कि पइसा ना देब तs ओही तरह से मंत्री के हत्या कs देब.  बता दीं कि महाराष्ट्र में राकांपा नेता आ सेलिब्रिटी बाबा सिद्दीकी के अक्टूबर 2024 में गोली मार के हत्या कs दिहल गइल रहे.  बिश्नोई गिरोह पs एकर आरोप लगावल गइल बा.

पुलिस का कहलस?

मंत्री संतोष कुमार सिंह धमकी देवे वाला फोन मिलला के तुरंत बाद डीजीपी के सूचना देले। मंत्री कहले कि ना तs उनुका खिलाफ कवनो आपराधिक मामला दर्ज बा, ना उनुका केहु से कवनो राजनीतिक दुश्मनी बा।  संगही पुलिस के कहनाम बा कि एs घटना के लेके मामला दर्ज हो गईल बा।  पुलिस जांच खातीर विशेष जांच दल (एसआईटी) के गठन कईले बिया।

इहो पढ़ीं: दक्षिण कोरिया में हड़कंप, राष्ट्रपति यून सुक येओल गिरफ्तार

Tags :
Bihar Ministerbihar newsbihar news in bhojpuriBihar policebreaking newsLawrence Bishnoi
Advertisement
Next Article