टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar News : बाइक से पटना लेके जात रहले 90 लीटर शराब, पुलिस के लागल भनक; फिल्मी स्टाइल में दू तस्कर भइले अरेस्ट

12:48 PM May 19, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Bihar News : बाइक से 90 लीटर शराब लेके पटना जा रहल दू गो तस्कर के गिरफ्तार कइल जाए के मामला सामने आइल बा। रफ्तार तस्कर मनेर के रामजीचक निवासी विवान उर्फ मुकेश कुमार आ शाहपुर थाना के सराय हथियाकंध निवासी अमित कुमार से आबकारी पुलिस पूछताछ करत रहे ।पूछताछ में दुनु तस्करन स्वीकार कइले कि बीतल दो दिन से इहाँ से देशी शराब लेके तस्करी खातिर पटना जात रहले।

Advertisement

मसौढ़ी। बिहार में शराब के तस्करी बढ़त जा रहल बा। शनिचर के सांझ के एगो बाइक से सुकठिया गांव से 90 लीटर देशी शराब लेकर जात रहले। दुनु तस्करन के आबकारी पुलिस शराब आ बाइक के साथे गिरफ्तार कऽ लेलस।

हॉस्टल के कमरा में मिला युवक के लास

पटना के श्रीकृष्णापुरी थाना अंतर्गत सरदार पटेल पथ इस्थित माई ब्वायज हॉस्टल के एगो कमरा से पुलिस ने शनिचर के दुपहरिया छात्र के लास बरामद कइलस। मृतक के पहचान मुजफ्फरपुर जिला के कांटी थाना अंतर्गत दामोदरपुर चैनपुर निवासी दीपक कुमार (17) के रूप में भइल बा।

ओकरा के गोर के अंगुरियन पs जख्म के गहिर निशान मिलल बा। उऽ पिछले वर्ष 14 नवंबर से इहाँ रहके सीए के तैयारी करत रहले। हॉस्टल प्रबंधन पुलिस के बतवले कि दोपहर दू बजे दीपक कोचिंग संस्थान से वापस आइल रहले।

एकरा बाद खाना खाके उऽ कमरा में चलल गइले। लगभग तीन बजे दीपक के साथे ओही कमरा में रहे वाला छात्र हॉस्टल अइले। उऽ दरवाजा खटखटवले, बाकिर भीतर से कवनो जवाब ना मिलल। तब उऽ दूसर लोगन के जानकारी देले। रोशनदान से झांकला पs मालूम भइल कि दीपक फांसी लगा लेले बाड़े।

थानादार पंकज कुमार बतवले कि स्वजन के वारदात के सूचना दिहल गइल बा। कवनो सुसाइड नोट नइखे मिलल। प्रथमदृष्टया आत्महत्या के मामला मान के पुलिस सब बिंदुअन पs जांच कर रहल बिया। एफएसएल के टीमो घटनास्थल के मुआयना कइले बा।

Tags :
Apradh newsBhojpuri Newsbihar local policebihar newsBihar policeKhabar Bhojpuri Newspatna
Advertisement
Next Article