टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar: दु लाख में बन गइले आईपीएस अधिकारी, बैच आ वर्दी के साथे गिरफ्तार

12:19 PM Sep 21, 2024 IST | Sonu Kishor
पुलिस के गिरफ्त में फर्जी आईपीएस
Advertisement

जमुई के पुलिस एगो फर्जी आईपीएस के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। गिरफ्तार नकली आईपीएस से पुलिस एगो आरएस 200 पल्सर बाइक, एगो खिलौना पिस्तौल आ बहुत कागजातो बरामद कइले बिया। गिरफ्तार नकली आईपीएस के पहचान लखीसराय जिला के हलसी थाना अंतर्गत गोवर्धन बीघा निवासी बबलू मांझी के बेटा मिथिलेश कुमार के रूप में भइल बा। फिलहाल पुलिस फर्जी आईपीएस से कड़ा पूछताछ करतिया। इ गिरफ्तारी सिकंदरा थाना क्षेत्र के अंतर्गत सिकंदरा चौक के नजदीक भइल बा।

Advertisement

संदिग्ध रूप से घूमत धाराइल नकली आईपीएस गिरफ्तार

ए संबंध में जानकारी देत एसडीपीओ सतीश सुमन बतवले कि शुक्रवार के सिकंदरा पुलिस सिकंदरा-जमुई रोड इस्थित जिला परिषद अध्यक्ष के आवास के सोझा संदिग्ध तरीका से घूमत एगो फर्जी आईपीएस के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। गिरफ्तार युवक से पूछताछ के दौरान पता चलल कि उऽ लखीसराय जिला के हलसी थाना क्षेत्र के तहत गोवर्धन बीघा गांव के निवासी भगलु मांझी के बेटा मिथिलेश मांझी हवे। ए दौरान पुलिस उनका से एगो आरएस 200 पल्सर बाइको जब्त कऽ लेले बिया। एकरा अलावे युवक से दु लाख रुपया के फर्जी चेक, पैन कार्ड, आधार कार्ड अवुरी मोबाइल के संगे-संगे खिलौना पिस्तौल जब्त कऽ लिहल गइल बा। फिलहाल सिकंदर पुलिस के ओर से जांच कईल जाता।

कइले बनले आईपीएस 

जमुई पुलिस के पूछताछ के दौरान गिरफ्तार आईपीएस बतवले कि जमुई जिला के खैरा निवासी मनोज सिंह नांव के एगो आदमी दु लाख रुपया लेके वर्दी अउरी नकली पिस्तौल देले बाड़े। बाइक के बारे में आईपीएस बतवले कि उनकर बियाह कुछ महीना पहिले भइल रहे, जवना में उनका दहेज के रूप में बाइक मिलल रहे। फिलहाल पुलिस मामला के जांच करतिया। पुलिस के कहनाम बा कि अब मनोज सिंह के बारे में जानकारी लिहल जाता, उनका के बहुत जल्दी गिरफ्तार कऽ लिहल जाई।

Tags :
bihar fraudbihar newsIPS OfficerJamui Latest Newskhabar bhojpuri khabar bhojpuri news
Advertisement
Next Article