टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar News: बिहार आज रची इतिहास, एक साथे तीन ट्रांसजेंडर बनिहें दरोगा

02:05 PM Oct 21, 2024 IST | Sonu Kishor
एक साथ तीन गो ट्रांसजेंडर बनिहें दरोगा
Advertisement

बिहार देश के पहिला राज्य बन जाई जहवां तीन किन्नर के एक संगे इंस्पेक्टर पद खातिर नियुक्ति पत्र दिहल जाई। असल में राज्य के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार राज्य के नवनियुक्त 1239 पुलिस उप निरीक्षक (निरीक्षक) के नियुक्ति पत्र दिहें। बिहार में पहिला बेर ए मौका पऽ ट्रांसजेंडर पुलिस उपनिरीक्षक के नियुक्ति पत्र सौंपल जाई।

Advertisement

बता दीं कि एमें एगो ट्रांसवुमन आ दू गो ट्रांसमैन शामिल बाड़े। मनवी मधु कश्यप पहिला ट्रांसवुमन हई जे सब इंस्पेक्टर बनल बाड़ी। जबकि, रोनित झा अउरी बंटी कुमार ट्रांसमैन हउवें। बिहार देश के पहिला राज्य बन जाई, जहवां इंस्पेक्टर पद खातिर नियुक्ति पत्र एक संगे तीन ट्रांसजेंडर के सौंपल जाई।

बापू सभागार में आयोजित आयोजन

गृह विभाग आ पुलिस मुख्यालय के ओर से 21 अक्टूबर के नियुक्ति पत्र वितरण कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल बा। पुलिस मुख्यालय से बुध के मिलल जानकारी के मुताबिक गांधी मैदान इस्थित बापू सभागार में इ कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल बा।

उपमुख्यमंत्री आ डीजीपी मौजूद रहीहें

एह अवसर पऽ प्रदेश के उपमुख्यमंत्री सम्राट चौधरी आ उपमुख्यमंत्री विजय कुमार सिन्हा, गृह विभाग के प्रधान सचिव अरिवंद कुमार चौधरी, प्रदेश पुलिस महानिदेशक आलोक राज आ पुलिस मुख्यालय के वरिष्ठ पुलिस अधिकारी भी मौजूद रहीहें।

Tags :
bihar governmentbihar government creat a historyBihar government newskhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsTransxender
Advertisement
Next Article