टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar News: पश्चिम बंगाल के व्यापारी जेल के धमकी देत 50 हजार रुपिया के मांग कइलस जवना में पटना जीआरपी प्रभारी समेत पाँच गो के निलंबित कर दिहल गइल

04:57 PM Aug 25, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

मामीला के शिकायत व्यापारी के ओर से एक अगस्त के भइल रहे। जांच के बाद अधिकारी पटना जीआरपी प्रभारी पंकज कुमार, उप निरीक्षक राकेश कुमार, एएसआई रामचंद्र राम, सिपाही संजय कुमार अवुरी कृष्ण कुमार ठाकुर के निलंबित कs देले।

Advertisement

पटना जीआरपी के एगो चौंकावे वाला मामला सोझा आइल बा, जवना में एसएचओ समेत पांच पुलिसकर्मी पs एगो व्यापारी से अवैध रंगदारी के मामला दर्ज भइल बा। ए मामला में पटना जीआरपी प्रभारी पंकज कुमार के तुरंत प्रभाव से निलंबित कs दिहल गइल। उनका जगहा राजेश कुमार सिन्हा के पटना जीआरपी के नयका प्रभारी बनावल गइल बा। संगही कहल जा रहल बा कि सब आरोपी पुलिसकर्मी के खिलाफ विभागीय कार्रवाई होई।

जानकारी के मुताबिक ई घटना 1 अगस्त के भइल बतावल जाता, जब पश्चिम बंगाल के एगो व्यापारी सोमनाथ नैया ट्रेन पकड़े खातीर पटना जंक्शन पहुंचल रहले। ए दौरान पैदल स्टेशन पs गश्त करत एगो सिपाही उनका के संदिग्ध मानत हिरासत में ले लेलस आ ओकरा बाद जीआरपी थाना ले गइल। थाना में व्यापारी से बहुत सवाल पूछल गइल अवुरी ओकरा के संदिग्ध घोषित कs के जेल भेजे के धमकी दिहल गइल। एकरा बाद व्यापारी के बार-बार निहोरा आ बेर-बेर बेगुनाही के बयान के बावजूद उनका के जेल में बंद क दिहल गइल, पुलिसकर्मी उनकर बात ना सुनले।

Tags :
Bhojpuri khabarbihar newsbihar news bhojpuriKhabar Bhojpuri Newskhabar bhojpuri officialthreatWB business man
Advertisement
Next Article