टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar News : गंगा में चीफ इंजीनियर बह गइले; कटाव के निरीक्षण करत रहले, तब फोन आइल आ अइसन हादसा हो गइल

10:29 AM Aug 25, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

नवगछिया बाढ़ नियन्त्रण प्रभाग के कार्यकारी अभियंता मुकेश कुमार घटना के बाद मुख्य अभियंता सुरक्षित आ ठीक रहल बतवनी । ऊ बतवले कि एनडीआरएफ के टीम समय रहते उनका के सुरक्षित बचा लिहलस।

Advertisement

भागलपुर के नवगछिया के इस्माइलपुर में गंगा नदी के तेज धारा में जल संसाधन विभाग के मुख्य अभियंता बह गइले। हालांकि समय रहते उनका के सुरक्षित बाहर निकाल दिहल गइल। बतावल जाता कि शनिवार के इंजीनियर अनवर जमील गंगा नदी में कटाव के निरीक्षण करे गइल रहले। अचानक पानी के तेज दबाव के चलते ओ लोग के नाव कहलगांव के ओर बहे लागल। ठीक ओही घरी उनकर फोन बाजल आ झटका के चलते ऊ नाव से पानी में गिर गइले। हालांकि मौका पs मौजूद टीम तुरंत कार्रवाई करत उनका के सुरक्षित बचा लेलस, जवना से उनकर जान बच गइल। घटना के बाद कुछ समय तक उनकर हालत बिगड़ गइल। एकरा बाद उनका के प्राथमिक चिकित्सा दिहल गइल, अब उनकर जान सुरक्षित बा।

टीम सकुशल निकल गइल 

नवगछिया बाढ़ नियंत्रण प्रभाग के कार्यकारी अभियंता मुकेश कुमार घटना के बाद मुख्य अभियंता सुरक्षित आ ठीक रहल बतवले। ऊ बतवले कि पानी में डूबे के चलते मुख्य अभियंता तनी घबरा गइले, बाकी एनडीआरएफ के टीम समय रहते उनका के सुरक्षित बचा लेलस। एही बीच मुख्य अभियंता अनवर जमील बतवले कि पास में निरीक्षण करत घरी पानी के बहाव बहुत तेज रहे। पानी के दबाव के चलते इनकर नाव कहलगांव के ओर खींचल जाता। एनडीआरएफ के टीम जब उनका के वापस ले आवे के कोशिश करत रहे तs चीफ इंजीनियर के मोबाइल पs फोन आइल। तब ई हादसा हो गइल।

लाइफ जैकेट से जान बच गइल

स्थानीय लोग के मुताबिक घटना तब भइल जब मुख्य अभियंता कटाव स्थल के निरीक्षण करे जात रहले आ तेज पानी के धारा के चलते उनकर नाव असंतुलित हो गइल। गंगा नदी में डूबला के बावजूद टीम के शीघ्रता अवुरी मुख्य अभियंता के ओर से लाइफ जैकेट पहिरला के चलते एगो बड़ दुर्घटना टल गइल।

Tags :
Accident News in BiharBhagalpurBhojpuri khabarbihar newsEngineering WorkKhabar Bhojpuri Newskhabar bhojpuri officialnavgachhiya
Advertisement
Next Article