टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar News: डेंगू मरीज लगातार बढ़ रहल बाड़े , यह शहर में संख्या 37 पहुंच गइल; स्वास्थ्य विभाग द्वारा अलर्ट दिहल गइल

04:53 PM Aug 27, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

गया नगर निगम के वार्ड नम्बर 33 के पार्षद ओमप्रकाश सिंह बतवले कि पछिला बेर नियन अबकी बेर भी गया शहर के पुलिस लाइन इलाका हॉट स्पॉट बन गइल बा। नगर निगम के ओर से ए इलाका में कवनो प्रकार के फॉगिंग आ दवाई के छिड़काव नइखे भइल।

Advertisement

मिलल जानकारी के मुताबिक गया शहर के पुलिस लाइन इलाका से लगातार चार मरीज डेंगू वायरस से पीड़ित मिलल बाड़े। बेहतर इलाज खातिर सभे मरीज के अनुग्राह नारायण मगध मेडिकल कॉलेज अस्पताल के विशेष वार्ड में भर्ती करावल गइल बा। उक्त इलाका से डेंगू के मरीज मिलला के बाद सब लोग घबराहट में बा। लोग के कहनाम बा कि प्रचार फइलावे से ही लोग जागरूक हो रहल बा, बाकी डेंगू वायरस के खतरा बढ़ रहल बा। एकरा पs स्वास्थ्य विभाग के विशेष ध्यान देवे के जरूरत बा।

फॉगिंग आ दवाई के छिड़काव ना भइल 

ए संबंध में गया नगर निगम के वार्ड नम्बर 33 के पार्षद ओमप्रकाश सिंह कहले कि पछिला सीजन नियन अबकी बेर भी गया शहर के पुलिस लाइन इलाका हॉट स्पॉट बन गइल बा। नगर निगम के ओर से ए इलाका में कवनो प्रकार के फॉगिंग आ दवाई के छिड़काव नइखे भइल। ई जानकारी संबंधित विभाग के अधिकारी के दिहल गइल बा। मंगल के दिने नगर निगम के अधिकारियन से भेंट कइल जाई आ डेंगू वायरस के खतम करे खातिर दवाई के छिड़काव करे के निहोरा कइल जाई। ताकि ई इलाका डेंगू वायरस से मुक्त हो सके।

Tags :
anugraha narayana medical college and hospital gayaawarenessBhojpuri Newsbihar newsDengue alertdengue awarenessGaya NewsHealth NewsKhabar Bhojpuri News
Advertisement
Next Article