टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar News: सीवान में 3 थाना के थानेदार बदलल गइले

01:06 PM Oct 19, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

जहरीला शराब के चलते मौत के श्रृंखला बिहार में जारी बा। पुलिस भी तेजी से छापामारी करतिया। जहरीला शराब पीये वाला लोग के मरेवाला के संख्या शुक के अउरी बढ़ गइल। अबहीं तक सिवान जिला में 45 से अधिक लोग के मौत हो चुकल बा। पुलिस प्रशासन पऽ सवाल उठता कि जब बिहार में शराबबंदी से पहिले के बात रहे तऽ फेर जिला में शराब के कारोबार गैरकानूनी तरीका से कइसे फइलल। एक ओर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कड़ा कार्रवाई के निर्देश देले बाड़े, त दोसरा ओर सिवान के तीन थाना के एसएचओ में बदलाव कइल गइल बा।

Advertisement

सिवान में तीन थाना के एसएचओ बदल गइले

सिवान के तीन थाना के एसएचओ बदल दिहल गइल बा। जिरादेई, जामो बाजार आ मैरवा के थाना प्रभारी के बदल दिहल गइल बा। जिला के एसपी अमितेश कुमार ई फेरबदल कइले बाड़न। पुलिस अधीक्षक सिवान के निर्देश के मुताबिक अब मैरवा थाना के थानाध्यक्ष प्रमोद साह के थाना केन्द्र भेज दिहल गइल बा। जहां जीरादेई थाना के एसएचओ राकेश कुमार के मैरवा थाना के एसएचओ बनावल गइल बा। अभिनंदन यादव के जामो बाजार थाना के प्रभारी बनावल गइल बा। जबकि सोनी कुमारी के गुठनी थाना से हटा के अब जिरादेई थाना के प्रभारी बनावल गइल बा।

सिवान में जहरीली शराब के चलते मौत

बता दीं कि अब तक सिवान में जहरीला शराब के चलते 45 से जादा लोग के मौत हो चुकल बा, हालांकि प्रशासन 28 लोग के मौत के पुष्टि कऽ चुकल बा। जिला के भगवानपुरा, लकड़ीनवीगंज, बसंतपुर थाना समेत पूरा जिला के पुलिस फिलहाल अलर्ट मोड में बिया। पांच महिला समेत दर्जन भर से जादे लोग के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा। मौत के लेके जब आक्रोश भइल तऽ पुलिस भी तेजी से छापामारी शुरू कऽ देलस। दियारा में शराब भट्टी तबाह गइल गइल।

Tags :
Bihar policeDM Siwankhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsSiwan Biharsiwan newssiwan police
Advertisement
Next Article