For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar News : पटना के इस्कॉन मंदिर में लाठी चार्ज, कई गो श्रद्धालु घायल 

03:47 PM Aug 27, 2024 IST | Sonu Kishor
bihar news   पटना के इस्कॉन मंदिर में लाठी चार्ज  कई गो श्रद्धालु घायल 
Advertisement

जहानाबाद जिला के बाबा सिद्धेश्वर नाथ शिव मंदिर परिसर में भगदड़ मच गइल जवना में सात लोग के मौत हो गइल आ 22 लोग घवाहिल हो गइल। फेर एगो अइसने घटना पटना के इस्कॉन मंदिर में होखे से बांचल।  इस्कॉन मंदिर में भीड़ के पुलिस लाठीचार्ज कऽ देले बिया। घटना तब भइल जब मंदिर के गेट खुलते भीड़ बेकाबू होके मंदिर में घुस गइल। भीड़ पs काबू पावे खातिर पुलिस के लाठीचार्ज के सहारा लेवे के पड़ल। हालांकि मंदिर के प्रवक्ता नंद गोपाल एकरा से इनकार कइले बाड़े। उनकर कहनाम बा कि भक्तन पर कवनो लाठीचार्ज नइखे भइल।

Advertisement

जहानाबाद में पुलिस के लापरवाही के चलते भगदड़ मच गइल रहे

जहानाबाद जिला से 25 किलोमीटर दूर बाबा सिद्धेश्वर नाथ शिव मंदिर परिसर में 11 अगस्त के रात में भगदड़ मचल रहे। ओह घटना में एगो महिला समेत सात लोग के मौत हो चुकल रहे। संगही करीब 22 लोग घायल हो गइले। घटना के बाद जिला प्रशासन अवुरी पुलिस प्रशासन घटना के जांच कइलस आ ओकरा बाद प्रशासनिक अधिकारी समेत बहुत पुलिसकर्मी के निलंबित कऽ दिहल गइल।  जिला प्रशासन प्रशासनिक अधिकारी आ पुलिसकर्मी समेत 50 लोग के कारण देखावे के नोटिस जारी कइले रहे।

Tags :
Advertisement