For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar News : वैशाली सुपरफास्ट के एसी बोगी में दिव्यांग यात्री के साथ दुर्व्यवहार, ट्रेन प्रबंधक के खिलाफ आरोप

04:28 PM Aug 14, 2024 IST | Raj Nandani
bihar news   वैशाली सुपरफास्ट के एसी बोगी में दिव्यांग यात्री के साथ दुर्व्यवहार  ट्रेन प्रबंधक के खिलाफ आरोप
Advertisement

डीआरएम विनय श्रीवास्तव बतवले कि आरोपी ट्रेन मैनेजर सोनपुर रेलवे डिवीजन के हवे। उनकर पहचान हो चुकल बा। एह पूरा मामिला के जाँच करे खातिर तीन सदस्यीय समिति बनावल गइल बा जवन दू दिन के भीतर आपन रिपोर्ट दे दी ।

Advertisement

सहरसा से नई दिल्ली जाए वाली 12553 वैशाली सुपरफास्ट एक्सप्रेस ट्रेन के एसी बोगी में एगो दिव्यांग यात्री के गलत व्यवहार कइल गइल। ई आरोप ट्रेन मैनेजर पs लगावल गइल बा। केहू एह घटना के वीडियो बना के वायरल कर दिहलस। अब लोग ट्रेन मैनेजर के खिलाफ कार्रवाई के मांग करतारे। बतावल जाता कि बुधवार के सबेरे समस्तीपुर जंक्शन के प्लेटफार्म नम्बर सात पs खड़ा ट्रेन में ट्रेन मैनेजर गार्ड के ओर से एगो दिव्यांग यात्री के गलत व्यवहार कइल गइल। इहाँ वीडियो वायरल होखला के बाद डीआरएम विनय श्रीवास्तव ए मामला में जांच के आदेश जारी कs देले बाड़े। ऊ ए मामला के जांच खाती तीन सदस्यीय समिति बनवले बाड़े। सहायक संचालन अधिकारी के अलावे सहायक वाणिज्यिक अधिकारी आ सहायक संभागीय सुरक्षा आयुक्त के सदस्य बनावल गइल बा।

मैनेजर साहब भी यात्री के धक्का देले।

बतावल जाता कि सहरसा से नई दिल्ली जात वैशाली सुपरफास्ट एक्सप्रेस जब समस्तीपुर स्टेशन पs रुकल तs एगो दिव्यांग उक्त ट्रेन के एसी बोगी पs चढ़ गइल। दिव्यांग गेट के लगे खड़ा रहे। ओकरा लगे पर्याप्त आरक्षण ना रहे। एही बीच ट्रेन के बोगी में आईल ट्रेन मैनेजर के गार्ड के नजर ओकरा पs पड़ल। टिकट के बारे में पूछले। जब ऊ बतवले कि कवनो आरक्षण नइखे। ऊ विकलांग बाड़े आ ट्रेन में चढ़ गइल बाड़े। एकरा चलते ट्रेन मैनेजर उनका संगे बदसलूकी करे लगले। संगही आरोप बा कि प्रबंधक भी उनका के धक्का देले। उनका के ट्रेन के बोगी से उतरे के भी कोशिश कइल गइल।

दोषी ट्रेन प्रबंधक के खिलाफ कार्रवाई होई

हालांकि ए दौरान प्रबंधक एगो युवक के वीडियो बनावत देखले। एकरा बाद ऊ ट्रेन से उतर गइले। ट्रेन के गुजरला के कुछ देर बाद सोशल मीडिया पs ई वीडियो वायरल होखे लागल। जवना में ट्रेन के एसी बोगी में गेट के लगे दुनो हाथ में बैसाखी लेके खड़ा एगो दिव्यांग के संगे प्रबंधक के बदसलूकी करत देखल जा सकता। इहाँ डीआरएम विनय श्रीवास्तव बतवले कि उनका भी वीडियो वायरल होखता आ ट्रेन मैनेजर सोनपुर रेलवे डिवीजन के हवे, जेकर पहचान हो गइल बा। एह पूरा मामिला के जाँच करे खातिर तीन सदस्यीय समिति बनावल गइल बा जवन दू दिन का भीतर आपन रिपोर्ट दे दी। रिपोर्ट के आधार पs ए मामला में दोषी ट्रेन प्रबंधक के खिलाफ कार्रवाई होई।

Tags :
Advertisement