For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar News : आपसी विवाद में सिवान के लईका के गोपालगंज में चाकू से गोंद के हत्या

02:37 PM Aug 26, 2024 IST | Raj Nandani
bihar news   आपसी विवाद में सिवान के लईका के गोपालगंज में चाकू से गोंद के हत्या
Advertisement

गोपालगंज जिला के मांझागढ़ थाना क्षेत्र के धर्मपर्सा गांव के लगे सीवान के एगो युवक के चाकू मार के गंभीर रूप से घायल कs दिहल गइल। घायल युवक के इलाज के दौरान मौत हो गइल, जबकि एगो अउरी युवक बहुत घायल हो गइल बा आ ओकरा के तुरंत इलाज खातीर सिवान सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। जहां डॉक्टर के देखरेख में ओकर इलाज चलता। मरेवाला के पहचान सिवान जिला के बढ़रिया थाना क्षेत्र के माधोपुर गांव निवासी विपिन गिरी के बेटा विनय गिरी के रूप में भइल बा। घायल युवक के पहचान कालू छपार गांव निवासी इमाम हसन के बेटा सलमान के रूप में भइल बा।

Advertisement

बतावल जाता कि मरेवाला आदमी अपना दोस्त सलमान आ एगो अउ री दोस्त के संगे महावीरी मेला देखे खातीर एतवार के रात गोपालगंज जात रहले। एही बीच जब ऊ मांझागढ़ थाना क्षेत्र के धर्मपर्सा गांव के नजदीक पहुंचले तs बरौली के कुछ लोग से उनकर विवाद हो गइल। विवाद बढ़ के झगड़ा में बदल गइल। एही बीच बरौली के लईका दुनो युवक के चाकू मार के खून बहत छोड़ देले। गंभीर रूप से घायल विनय गिरी के इलाज खातीर सिवान सदर अस्पताल पहुंचावल गइल, जहां विनय गिरी के इलाज के दौरान मौत हो गइल। जबकि सलमान के इलाज सदर अस्पताल सिवान में चलता।

विनय गिरी के चाकू मार के गंभीर घायल हो गइले

ए मामिला में गोपालगंज के पुलिस अधीक्षक स्वर्ण प्रभात बतवले बाड़े कि रविवार के देर रात मांझागढ़ थाना क्षेत्र के धर्मपर्सा गांव के नजदीक बरौली के कुछ लईकन के बीच आपसी विवाद में विनय गिरी नाम के एगो युवक आ ओकर दोस्त के बीच आपसी विवाद में झगड़ा हो गइल। ए दौरान आरोपी विनय गिरी के चाकू मार के घायल कs देले। इलाज के दौरान विनय गिरी के मौत हो गइल। सभे आरोपी के पहचान हो चुकल बा। आरोपी के गिरफ्तारी खातीर पुलिस लगातार छापामारी करतिया।

Tags :
Advertisement