For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar News: बांग्लादेश से तस्करी कऽ के लिआवल एक किलो सोना जब्त

11:07 AM Sep 07, 2024 IST | Sonu Kishor
bihar news  बांग्लादेश से तस्करी कऽ के लिआवल एक किलो सोना जब्त
बांग्लादेश से तस्करी कऽ के लिआवल एक किलो सोना जब्त
Advertisement

डीआरआई के कोलकाता-कटिहार एक्सप्रेस ट्रेन से ले लिआवल जा रहल तस्करी सोना के खेप के गुप्त जानकारी मिलल रहे। एह जानकारी के आधार पs मुजफ्फरपुर से डीआरआई टीम ट्रेन पs छापामारी कइलस। एह छापामारी में नामित संदिग्ध के डीआरआई हिरासत में ले लिहलस। जब ओकर तलाशी लिहल गइल तऽ ओकरा दुनु जांघ के बेल्ट में सोना बान्हल मिलल। डीआरआई ओकरा के गिरफ्तार कऽ लिहले बा।

Advertisement

राजस्व खुफिया निदेशालय के मुजफ्फरपुर टीम कटिहार में एगो ट्रेन पs छापा मार के एक किलो तस्करी सोना जब्त क लेले बिया। ई स्विट्जरलैंड में बनल बा। सोना के इ खेप बांग्लादेश से कोलकाता के रास्ता से ले आवल जात रहे। इ सोना के बिस्कुट के रूप में रहे।

खुला बाजार में एकर दाम 73 लाख रुपिया बतावल जाता। डीआरआई टीम एगो तस्कर के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। उनका से पूछताछ हो रहल बा। जवन कि कैरियर के रूप में बतावल जा रहल बा। उत्तर बिहार आ मुजफ्फरपुर के बाजार में सोना के खेप के खपत करे के साजिश रचल गइल रहे।

Tags :
Advertisement