टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar News: पटना से हैदराबाद जाए वाली फ्लाइट में यात्री हंगामा मचवले, एसी खराब हो गइल रहे

11:12 AM Jul 09, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

एसी बंद होखला के चलते यात्री के हालत खराब होखे लागल। शिकायत के बाद भी जब एसी चालू ना भइल तs यात्री में हंगामा मचावे लगले। हालात अइसन हो गइल कि यात्रियन के विमान से उतार देबे के पड़ल।

Advertisement

इंडिगो के फ्लाइट में सवार यात्री पटना हवाई अड्डा पs हंगामा मच गइले। एतने ना, बहुत यात्री खुद विमान से उतर गइले। कारण रहे कि नम गर्मी में विमान के एसी खराब हो गइल। विमान के भीतर बइठल यात्री चिंतित हो गइले। कई बेर एसी चालू करे के कहल गइल बाकी कवनो फायदा ना भइल। कुछ समय बाद सूचना मिलल कि विमान के एसी खराब हो गइल बा। एकरा बाद यात्री लोग के बीच हंगामा मच गइल। हालात अइसन हो गइल कि यात्रियन के विमान से उतार देबे के पड़ल।

बतावल जाता कि सोमवार के देर सांझ पटना से हैदराबाद जाए वाली फ्लाइट (6E 6223) में 157 यात्री बइठल रहले। एसी बंद होखला के चलते यात्री के हालत खराब होखे लागल। शिकायत के बाद भी जब एसी चालू ना भइल तs यात्री में हंगामा मचावे लगले। इंडिगो यात्री लोग के शिकायत के गंभीरता से लेके तुरंत एसी के मरम्मत करा देलस। यात्री लोग राहत के आह भरले। एकरा बाद विमान देर रात उड़ान भर सकत रहे।

Tags :
Bhojpuri khabarJaiprakash Narayan international airportKhabar Bhojpur NewsKhabar Bhojpuri Newspatna airportPatna to haidrabad flightबड़ी khabar
Advertisement
Next Article