For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बिहार में दिनदहाड़े राजद नेता के सीना में मरले गोली, हालत गंभीर

10:31 AM Oct 03, 2024 IST | Sonu Kishor
बिहार में दिनदहाड़े राजद नेता के सीना में मरले गोली  हालत गंभीर
राजद नेता पंकज यादव पूर्व डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव के साथे। (फाइल फोटो) - फोटो : सोशल मीडिया।
Advertisement

मुंगेर में अपराधी राष्ट्रीय जनता दल के वरिष्ठ नेता अउरी प्रदेश महासचिव पंकज यादव के गोली मार देले। उनकर हालत गंभीर बा। उनकर इलाज निजी अस्पताल में चलता। बतावल जाता कि राजद नेता आज कासिम बाजार थाना क्षेत्र के तहत हवाई अड्डा के मैदान में मॉर्निंग वॉक करत रहले। एही दौरान अपराधी उनका के गोली मार देले। गोली लागते बेहोश होके जमीन पऽ गिर गइले। घटना के बाद इलाका में दहशत मच गइल। लोग के भीड़ जुट गइल आ राजद नेता के हड़बड़ी में अस्पताल में भर्ती करावल गइल।

Advertisement

अपराधी के तलाश में छापामारी चलऽता

इहाँ सूचना मिलते पुलिस मौका पs पहुंचल आ जांच शुरू कऽ देलस। पुलिस के कहनाम बा कि राजद नेता के छाती के लगे गोली लागल। उनकर इलाज चलता। घटना के कारण के जांच कइल जाता। कुछ लोग से पूछताछ हो रहल बा। अपराधी के तलाश में छापामारी चलता।  सदर एसडीपीओ बतवले कि घटना के का कारण रहे। पुलिस मामला के छानबीन करतिया उऽ बतवले कि राजद नेता के छाती के दाहिना ओर गोली लागल। परिवार के ओर से दिहल बयान के आधार प प्राथमिकी दर्ज कऽ के पुलिस अपराधी के गिरफ्तारी खातिर छापामारी करतिया।

राजद नेता हवाई अड्डा के मैदान में टहलत रहले 

परिवार के लोग के कहनाम बा कि पंकज यादव रोज नियन सफियाबाद हवाई अड्डा के मैदान में टहलत रहले। एही बीच बाइक सवार अपराधी जवन कि पहिले से घात लगा के बइठल रहले, अचानक गोलीबारी कऽ देले। जान बचावे के कोशिश में गोली लाग गइल। घटना के अंजाम देके बदमाश फरार हो गइले। जानकारी मिलते सफियासराय, कासिम बाजार अउरी कोतवाली के पुलिस पहुंचल। पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया सदर के एसडीपीओ राजेश कुमार अस्पताल पहुंच के राजद नेता अउरी उनका परिवार से एह घटना के जानकारी लेले।

भाजपा प्रवक्ता कहले- दुबई में तेजस्वी मस्ती कर रहल बाड़े

इहाँ ए घटना के बाद भाजपा प्रवक्ता नीरज कुमार कहले कि मुंगेर के घटना दुखद बा, लेकिन दोषी के पकड़ल जाई। उत्तर प्रदेश के अपराधी के हालत योगी के डर के चलते केहु से छिपल नइखे। यूपी में अपराधी के खिलाफ चुनिंदा कार्रवाई कईल जाता। बिहार में एनडीए सरकार अपराधी के खिलाफ कड़ा कार्रवाई करेले। हमनी के तेजस्वी यादव जईसन गैर जिम्मेदार नइखी। इहां लोग बाढ़ में डूब रहल बा आ दुबई में तेजस्वी मस्ती कर रहल बाड़े।

Tags :
Advertisement