For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar Police : महिला लोग के सुरक्षित राखी बिहार पुलिस के सुरक्षित सफर सुविधा

02:05 PM Aug 29, 2024 IST | Raj Nandani
bihar police   महिला लोग के सुरक्षित राखी बिहार पुलिस के सुरक्षित सफर सुविधा
Advertisement

Bihar : बिहार सरकार महिला के उत्थान आ विकास खातीर हमेशा तैयार रहेला। एह मामिला में बहुते योजना जमीन पर काम कर रहल बाड़ी स ।अब मुख्यमंत्री नीतीश कुमार ओ लोग के सुरक्षा खातीर 'सुरक्षित यात्रा सुविधा' लेके आइल बाड़े, जवन कि मील के पत्थर साबित होई।

Advertisement

बिहार के महिला अब सिर्फ घर में ना, घर से बहरी भी सुरक्षित रहीहे। बिहार पुलिस 15 सितंबर से 'सुरक्षित यात्रा सुविधा' शुरू करतिया, जवना के माध्यम से कवनो महिला के फोन पs पुलिस तुरंत ओ जगह पs पहुंच के महिला के मदद करी। रास्ता में कहीं भी कवनो असुविधा के स्थिति में ऊ सीधा 112 पs फोन कs के कवनो समय मुफ्त सेवा ले के अपना गंतव्य तक सुरक्षित पहुंच सकेली।

पहिले जान लीं कि ई योजना कहाँ से शुरू हो रहल बा 

राजधानी गया, मुजफ्फरपुर, भागलपुर, बेगूसराय, नालंदा समेत बिहार के 6 प्रमुख जिला में 05 सितंबर 2024 से पायलट प्रोजेक्ट के रूप में 'सुरक्षित यात्रा सुविधा' शुरू कइल जाता। ओकरा बाद 15 सितंबर से पूरा राज्य में ई सेवा लागू हो जाई। अभी तक बिहार में डायल 112 के माध्यम से आपातकालीन पुलिस सहायता, फायर ब्रिगेड आ एम्बुलेंस सेवा उपलब्ध बा। अब तकनीकी एजेंसी के मदद से डायल 112 के विस्तार कइल जाता। राज्य के महिला खातीर डायल 112 सेवा में 'सुरक्षित यात्रा सुविधा' जोड़ल गइल बा, जवन कि पूरा तरीका से निशुल्क बा। एह पूरा परियोजना में सी-डीएसी तकनीकी सहायता दी।

 इहे एह सुविधा के विशेषता होई 

सरकार के ए सुविधा के सबसे बड़ खासियत ई होई कि जदी महिला 112 डायल करी तs घर पहुंचे तक पूरा सफर में बिहार पुलिस के संपर्क में रही। एकरा संगे-संगे डायल 112 के टीम नियमित अंतराल पs अपना सुरक्षा के जायजा लेत रही। एगो महिला के यात्रा के दौरान ऊ 112 पs फोन कs के ए सुविधा के निहोरा करेले, ओकरा बाद टीम उनका सफर पs डिजिटल तरीका से निगरानी करी। जदी महिला अपना यात्रा के दौरान कवनो चिंता जतावेली चाहे डायल 112 टीम के ओर से कइल गइल फोन के तुरंत जवाब ना दे पावेली तs डायल 112 के ईआरवी (इमरजेंसी रिस्पांस व्हीकल) गाड़ी / थाना के गाड़ी के मदद से उनका से संपर्क कइल जा सकता । सबसे जरूरी बात ई बा कि सुरक्षित रूप से अपना गंतव्य पर पहुँचला के बाद ओह लोग से प्रतिक्रिया भी लिहल जाई ताकि ओह लोग के प्रतिक्रिया के आधार पर एह सुविधा में अउरी सुधार कइल जा सके।

त्योहारन पर विशेष लाभ होखी 

‘सुरक्षित यात्रा सुविधा’ के खास लाभ त्योहारन के दौरान लउकी ।जइसे कि दुर्गा पूजा, दिवाली, छठ के अवसर पर नारी के ट्रैवल बढ़ेला। परब-त्योहार खातिर खरीदारी करे खातिर मेहरारू देर रात ले बाजार से घरे जालीं। अइसने में आवे वाला त्योहार के ध्यान में राखत बिहार पुलिस महिला के ओकरा से पहिले भी 'सुरक्षित यात्रा के सुविधा' दे रहल बिया ताकि ऊ लोग अपना घर के बहरी भी सुरक्षित महसूस कs सके आ ऊ उत्सव के खुशी-खुशी मना सके।

Tags :
Advertisement