टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बिहार पुलिस के बस बलिया में हादसा के शिकार, 29 जवान भइलें घायल

09:11 AM Oct 30, 2024 IST | Sonu Kishor
घायल जवानन से स्वास्थ्य के बारे में बात करत एसपी
Advertisement

यूपी के बलिया में मंगल का देर रात बिहार पुलिस के जवानन के सवार एगो बस के दुर्घटना हो गइल। एह हादसा में 29 जवान घायल हो गइल बाड़े। सभे के अस्पताल में भर्ती करावल गइल, जहां सभके इलाज हो रहल बा।

Advertisement

उत्तर प्रदेश के बलिया में मंगल का रात एगो सड़क हादसा हो गइल। बिहार स्पेशल आर्म्स पुलिस के जवानन से भरल बस में दुर्घटना हो गइल। एह हादसा में बिहार पुलिस के 29 जवान घायल हो गइल बाड़े। 10 जवान के जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल, जहां सभके इलाज चलता।

बलिया पुलिस के मुताबिक मंगलवार के जवान दिवाली अउरी छठ पर्व में शांति कायम राखे खातिर ड्यूटी खाती डेहरी से सोन रोहतास पऽ सिवान बिहार जात रहले। रात के करीब 12.30 बजे बैरिया इलाका के चांद दियार पेट्रोल पंप से निकलला के बाद अचानक बस बेकाबू हो गइल आ पलट गइल। एह हादसा में 29 जवान घायल हो गइले।

एसपी घायल लोग के बारे में पूछताछ कइले

जानकारी मिलला पऽ बलिया पुलिस घायल 29 जवान के पहुंच के सीएचसी सोनबरसा ले गइल, जहां से 10 जवान के जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। एही बीच बाकी जवानन के सोनबरसा सीएचसी में इलाज चल रहल बा। एसपी विकांत वीर घायल जवानन से मिल के ओह लोग के सेहत के बारे में पूछताछ कइलन। एसपी बेहतर इलाज खातिर डॉक्टर से बात कइले।

जवान प्राइवेट बस से जात रहले

एसपी विक्रांत वीर बतवले कि 29 अक्टूबर के बिहार स्पेशल आर्म्स पुलिस के 18वीं बटालियन के ई कंपनी सोन रोहतास पऽ देहरी से निजी बस से सिवान जात रहे। हादसा बैरिया इलाका के चांद दियार पेट्रोल पंप का लगे भइल बा। जवना में 29 जवान घायल हो चुकल बाड़े। सभे के इलाज खाती अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

Tags :
Balia news bhojpuribihar newsbihar news bhojpuriBihar policeBIHAR police news
Advertisement
Next Article