For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar News : सीवान में भारी बवाल, महावीरी अखाड़ा में पुलिस पs हमला; पुलिसकर्मी सहित कइयन लोग घायल

10:16 AM Aug 31, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
bihar news   सीवान में भारी बवाल  महावीरी अखाड़ा में पुलिस पs हमला  पुलिसकर्मी सहित कइयन लोग घायल
घटनास्थल पर जुटी पुलिस। फोटो साभार: अमर उजाला
Advertisement

सीवान मे महावीरी अखाड़ा के दौरान भारी बवाल भइल बा।  एह घटना में कइयन पुलिसकर्मी सहित आउर कइयन लोग घायल भइल बा। घायलन के इलाज हुसैनगंज के पीएचसी में चल रहल बा। मामला हुसैनगंज थाना क्षेत्र के हथौड़ा गांव के हs।

Advertisement

सड़क जाम कइला के बाद उपद्रवी फेंकल लो पत्थर

घटना के संबंध में लोगन के कहनाम बा कि बड़का टोला के अखाड़ा के लोग निर्धारित रूट से हटके दूसरका रूट से जाये के जिद करे लागल लो। जब प्रशासन ने एकर इजाजत ना देलस तs अखाड़ा ना निकाले के बात कहके लवटे लागल लो। फेर कुछे देर में अखाड़ा के लोग सड़क जाम कs दिहल। सड़क जाम होखला पs जब प्रशासन उहां समझावे पहुंचल तs ओमे सामिल उपद्रवी पुलिस s हमला कs दिहल लो। एही दौरान भगदड़ होखे लागल। पुलिस पs हमला में दुगो पुलिस कर्मियन सहित कइयन लोग घायल भइल। ई खबर जइसही लोगन के मिलल, समूचा इलाका में ई खबर आग के तरे फइल गइल। हथौड़ा गांव के आसपास बड़ संख्या में पुलिस बल के तैनाती बा। ओहिजा गुस्साइल भीड़ हुसैनगंज के बीडीओ के गाड़ी के आग के हवाले कs देलस।

एसपी कहलें जांच कइल जा रहल बा

एह घटना के संबंध में सीवान एसपी अमितेश कुमार के कहनाम बा कि हुसैनगंज थाना क्षेत्र के बड़का टोला गांव के अखाड़ा वाला लोग पहिले तs दूसरका रूट से अखाड़ा ले जाये के कहत रहे। एकरा के लेके प्रशासन मना कs देलस। अखाड़ा के लोग कहलस कि हमनी लोग अखाड़ा ना निकालेम सs आ ऊ लोग वापस चल गइल, बाकिर फेर कुछ देर बाद अचानक सड़क पs आ गइल लो आ सड़क जाम कs दिहल लो।

देखते-देखत ओमे सामिल उपद्रवी ईंट आ पत्थर से हमला कs दिहल लो, जेमे कुछ क्षति भइल बा। केतना के क्षति भइल बा एकर आकलन कइल जा रहल बा। प्रशासन आगे के कार्यवाही कs रहल बिया।

Tags :
Advertisement