टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बिहार के सारण में तिहरा हत्याकांड; दु दो लईकियन के संगे पिता के हत्या, मां के हालत गंभीर

11:39 AM Jul 17, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दरभंगा में विकासशील इंसान पार्टी के प्रमुख आ पूर्व मंत्री मुकेश सहनी के पिता के हत्या के 24 घंटा के भीतर अब बिहार में तिहरा हत्याकांड हो गइल। भोजपुरी स्टार खेसारी लाल यादव के गांव में अपराधी परिवार के तीन लोगन के हत्या कs देले बाड़ें सs। मंगर देर रात लगभग दु बजे अपराधी पिता आ उनकर दुगो बेटियन के मौत के घाट उतार देलें। एतनही ना अपराधी संगही मां के गंभीर रूप से घायल कs देलें सs। अपराधी प्रेम प्रसंग में एह वारदात के अंजाम देलें सs। घटना के बाद इलाका में हड़कंप मच गइल।आसपास के लोगन के भीड़ लाग गइल। लोग घायल महिला के अस्पताल में भरती करववले बा। एने, सूचना मिलतही पुलिस मवका पs पहुंचल आ छानबीन में जुट गइल।

Advertisement

वारदात सारण जिले के रसूलपुर थाना क्षेत्र के धनाडीह गांव के हs। पुलिस ममिला के गंभीरता से लेत तुरंत एह ममिला में सामिल दुगो अपराधियन के गिरफ्तार कs लेले बिया। संगही घटनास्थल से दूर इनार से चाकू जब्त कs लेले बिया। सारण के पुलिस अधीक्षक डॉ. कुमार आशीष कहलें कि तीन लोगन के हत्या भइल बा। एह ममिला में दुगो आरोपियन के गिरफ्तार कs लिया गइल बा। ओह लोगन से पूछताछ चल रहल बा। स्पीडी ट्रायल के तहत दुनो के सजा दिलवावल जाई।

हम कवनो तरे जान बचाके भाग निकलनी 

घायल शोभा देवी के ओर से बतावल गइल बा कि लगभग दु बजे रात के दुगो नवहा मुंह के कपड़ा से बान्क के पीछे के दरवाजा से घर में घुसलें सs। एकरा बाद छत पs सुतल हमार पति तारकेश्वर सिंह आ हमार दुगो लईकी (15 साल के चांदनी कुमारी आ 13 साल के आभा कुमारी) के सुतले अवस्था में ताबड़तोड़ चाकुअन से वार कs के मार डलले सs। अपराधी हमरो पs चाकू से वार कs के हत्या करे के प्रयास कइलें स। बाकिर, घर से भाग के कवनो तरे आपन जान बचावे में कामयाब भइल।

पुलिस दुगो आरोपियन के कइलस गिरफ्तार

सारण पुलिस शोभा देवी के बयान पs रसूलपुर थाना क्षेत्र के हरिजन टोला निवासी संतोष कुमार राम के 22 बरिस के लईका सुधांशु कुमार उर्फ रौशन, सुनील राम के 25 बरिस के लईका अंकित कुमार के त्वरित कार्रवाई करत गिरफ्तार कs लेले बिया। पुलिसिया पूछताछ में दुनो अभियुक्त एह घटना में आपन संलिप्तता स्वीकार कs लेले बाड़ें सs। संगही एह दुनो के हाथ पs कवनो धारदार हथियार से बनल जख्मो मिलल बा। एकरा अलावे खून से सनल कपड़ों मिलल बा। एकरा के फॉरेंसिंक जांच खातिर जब्त कइल गइल बा।

कुछ दिन पहिलही रोशन देले रहे धमकी

बतावल जा रहल बा कि पहिला नजर में सुधांशु कुमार उर्फ रोशन आउर चांदनी कुमारी के बीच बहुत दिन पहिले प्रेम-प्रसंग चलत रहे। बाकिर, फिलहाल कुछ दिनन से दुनो के बीच बातचीत बंद हो गइल रहे। कुछ दिन पहिलही सुधांशु कुमार उर्फ रौशन घर पs जाके धमकियो देले रहे। एकरा बाद तीन लोगन के हत्या कs दिहल गइल। घटना के बाद दंडाधिकारी आ पुलिस अधिकारियन के प्रतिनियुक्ति करा दिहल गइल बा ताकि कवनो तरे के कवनो बवाल ना होखे।

Tags :
Accused ArrestedBhojpuri News Murder In Lovebihar newsCrime NewsMother InjuredTripple Murder
Advertisement
Next Article