टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar Police Promotion: बिहार पुलिस के हजारन कर्मचारियन आ अफसरन के मिलल प्रमोशन के तोहफा, पोस्ट के संगे सैलरियो बढ़ी

10:07 AM Jan 10, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

Bihar Police Promotion: बिहार पुलिस के 14 हजार 361 कर्मियन आ पदाधिकारियन के आठ जनवरी तक वेतनमान के संगे उच्चतर कार्यकारी प्रभार दिहल गइल बा। एमे 905 के इंस्पेक्टर, 4826 के दारोगा, 2893 के सहायक अवर निरीक्षक, 1651 के हवलदार आदि में उच्चतर प्रभार मिलल बा।

Advertisement

एकरा अलावे, बिहार विशेष सशस्त्र पुलिस, वितंतु, परिवहन इंस्पेक्टर से लेके हवलदार तक आ चालक संवर्ग आदि में बड़ संख्या में उच्चतर प्रभार दिहल गइल बा। पुलिस मुख्यालय के अनुसार, अब खाली परिचारी आ लिपिक संवर्ग वर्ग में कार्यकारी प्रभार दिहल जाए के बाकी बा, जवन प्रक्रियाधीन बा। डीएसपी के पद पs उच्चतर प्रभार दिहल गइला के ममिला गृह विभाग के स्तर पs लंबित बा।

आठ ट्रेनी आइपीएस अधिकारियन के बेवहारिक प्रशिक्षण सुरू

बिहार कैडर के वर्ष 2021 आ 2022 बैच के आठ ट्रेनी आईपीएस अधिकारियन के बेवहारिक प्रशिक्षण सोमार से सुरू हो गइल। सहायक पुलिस अधीक्षक के रूप में आठ आईपीएस अधिकारी 30 सप्ताह के प्रशिक्षण प्राप्त करी  लो। एह दौरान 12 सप्ताह ऊ लोग ग्रामीण थाना के स्वतंत्र प्रभार के रूप में रही लो।

पुलिस मुख्यालय के स्तर से सब आठ आईपीएस अधिकारियन के जिला आवंटन कs दिहल गइल बा। भावरे दीक्षा अरुण के पटना, मोहिबुल्लाह अंसारी के सारण, कोटा किरण कुमार के मुजफ्फरपुर, शैलेंद्र सिंह के मुंगेर, अतुलेश झा के पूर्णिया, अभिनव के भागलपुर, दिव्यांजली जायसवाल के नालंदा आ शिवम धाकड़ के गया जिला आवंटित कइल गइल बा।

Tags :
Bhojpuri NewsBihar Police Promotionips officersSalary Increased
Advertisement
Next Article