टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar Sipahi Bharti Exam: हाजीपुर में सिपाही भर्ती परीक्षा के लेके होटल में छापामारी, पुलिस के देखते मचल हड़कंप

12:25 PM Aug 07, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

अबकी बेर बिहार में सिपाही बहाली के परीक्षा शुरू होखे से पहिलहीं बिहार पुलिस तइयार हो गइल बिया। हाजीपुर में एकरा के लेके बहुत होटल लॉज में छापामारी कइल गइल बा। एह छापामारी के दौरान होटल में ठहरल बहुत लोग से पूछताछ भइल। होटल मैनेजरो से पूछताछ कइल गइल। हाजीपुर में सिपाही बहाली परीक्षा खाती 25 केंद्र बनावल गइल बा।

Advertisement

पिछला मंगर के रात सदर 1 एसडीपीओ ओमप्रकाश के नेतृत्व में शहर के अलग-अलग आवासीय होटल अउरी लॉज में सिपाही कार्यकर्ता परीक्षा के संबंध में छापामारी कइल गइल। छापामारी के दौरान पुलिस अधिकारी छात्रा अउरी होटल में रहेवाला बाकी लोग से पूरा तरीका से पूछताछ कइले। एह दौरान पुलिस होटल में रहेवाला छात्र आ बाकी लोग के आधार अउरी बाकी दस्तावेज के जांचो कइलस।

होटल में ठहरल लोग से पूछताछ जारी बा

एकरा संगे-संगे पुलिस अधिकारी होटल प्रबंधक से होटल में रहेवाला छात्र आ बाकी लोग के बारे में विस्तृत जानकारी लेले। पुलिस हाजीपुर शहर में स्टेशन के नजदीक कई गो होटल अउरी लॉज पs छापामारी कइलस। अचानक देर रात पुलिस के अइला के चलते होटल में हंगामा मच गइल।

हाजीपुर में कांस्टेबल भर्ती परीक्षा के 25 केन्द्र 

हालांकि पुलिस अधिकारी बतवले कि होटल में ठहरल आदमी के सिपाही बहाली परीक्षा खातिर जांच कइल जाता। बता दी कि हाजीपुर में सिपाही बहाली परीक्षा खाती 25 केंद्र बनावल गइल बा। परीक्षा 7,11,18,21,25,28 अगस्त के 25 केंद्र में करावल जाई। सभ केंद्र में परीक्षा शुरू हो गइल बा।

Tags :
bihar newsBihar policeBihar Police BhartiBihar Police ExamKhabar Bhojpuri News
Advertisement
Next Article