टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar Police Bharti: सिपाही बहाली में 30 फीसदी से कम अंक वाला होइहें फेल

07:54 AM Oct 09, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

बिहार पुलिस में 21391 सिपाही बहाली के लिखित परीक्षा के रिजल्ट के उम्मीदवार बेसब्री से इंतजार करतारे। एह महीना के आखिर ले एकर रिजल्ट आवे के उमेद बा। केन्द्रीय चयन बोर्ड (हवलदार भर्ती) कुल विज्ञापित रिक्ति के आरक्षण श्रेणी के हिसाब से पांच गुना उम्मीदवार के नतीजा तइयार करे में व्यस्त बा।

Advertisement

30 प्रतिशत से कम अंक वाला फेल हो जइहें।

सिपाही बहाली के परीक्षा अगस्त 2024 में छह चरण में होखे के योजना रहे। एह परीक्षा में कुल 18 लाख आवेदक के मुक़ाबले करीब 12.5 लाख परीक्षार्थी भाग लेले रहले। एह लिखित परीक्षा में 30 प्रतिशत से कम अंक पावे वाला उम्मीदवार के दूसरा चरण के शारीरिक दक्षता परीक्षा में अपने आप असफल घोषित कऽ दिहल जाई। सफल उम्मीदवारन के चयन मेरिट लिस्ट का आधार पर कइल जाई।

दूसरा चरण के तइयारी रिजल्ट के बाद शुरू होई।

जानकारी के मुताबिक अक्टूबर के अंत तक रिजल्ट प्रकाशित हो सकऽता। एकरा बाद शारीरिक दक्षता परीक्षण के दूसरा चरण के तइयारी शुरू हो जाई। एकरा खातिर चुनल उम्मीदवारन के कम से कम एक महीना के समय मिली। राजधानी पटना के केंद्र में दिसंबर महीना में शारीरिक दक्षता के परीक्षण कइल जा सकऽता।

Tags :
BIHAR constableBIHAR education newsbihar newsBihar policeBIHAR police newskhabar bhojpuri khabar bhojpuri news
Advertisement
Next Article