टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

राज्यपाल के सामने परेड कs सकत बा लो RJD विधायक : राजभवन-सीएम हाउस के लगे बैरिकेडिंग कइल गइल ; कांग्रेस बोलल- भाजपा के 20 विधायक हमरा के संपर्क में

11:31 AM Jan 27, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

राज्यपाल के सामने परेड कs सकत बा लो RJD विधायक : राजभवन-सीएम हाउस के लगे बैरिकेडिंग कइल गइल ; कांग्रेस बोलल- भाजपा के 20 विधायक हमरा के संपर्क में

Advertisement

बिहार में एह वक्त सियासी हलचल जारी बा। आरजेडी आ जेडीयू गठबंधन टूटला के कयास लगावल जा रहल बा। दुनो दिन से अइसने संकेत मिल रहल बा। दिल्ली से लेके पटना में सुक 26 जनवरी रात तक बैठकन के दौर चलल। राबड़ी आवास पs लालू-तेजस्वी राजद कोटा के मंत्रियन के संगे बैठक कइल लो। एमे तेजस्वी कहलें कि आसानी से तख्तापलट ना होखे देम। एतना आसानी से दोबारा ताजपोशी ना होखे देम।

ओहिजा, नीतीश कुमार सीएम आवास पs अपना नेता लोगन के संगे मुलाकात कइलें। ओने, दिल्ली में बिहार के सियासी हलचल के देखते दिल्ली में बीजेपी के शीर्ष नेता लोग मीटिंग कइल। एमे पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा, गृहमंत्री अमित शाह आ बीजेपी के महासचिव बीएल संतोष सामिल भइल बा।

बतावल जा रहल बा कि आरजेडी सनीचर के राज्यपाल के सामने विधायकन के परेड करा सकत बिया। ओहिजा, भाजपा सूत्रन के मानी तs नीतीश कुमार मुख्यमंत्री पद से इस्तीफा दे सकत बाड़ें आ अतवार 28 जनवरी के नउआ बेर सीएम पद के शपथ लेवे के रिकॉर्ड बना सकत बाड़ें। एकरा ले लेके बीजेपी पटना में आज विधायक दल के बैठक बोलवले बिया।

साभार : दैनिक भास्कर

Tags :
Bhojpuri Newsbihar newsBihar Political UpdateBjpjduNitish KumarRJdTejashwi Yadav
Advertisement
Next Article