टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar Politics: लालू यादव के एगो आउर बड़ झटका, ई दिग्गज नेता पार्टी के कुल पदन से देले इस्तीफा

05:23 PM Apr 13, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Bihar News लोकसभा चुनाव के मतदान से पहिले आरजेडी के लगातार झटका लाग रहल बा। पार्टी के नीतियन आ निर्णय से पार्टी में असंतोष दिख रहल बा। पार्टी के कई गो वरिष्ठ नेता लगातार इस्तीफा दे रहल बाड़े। राज्यसभा के पूर्व सदस्य अशफाक करीम के बाद अब पूर्व मंत्री आ वरिष्ठ राजद नेता वृषिण पटेल  राजद के अलविदा कह देले बाड़े।

Advertisement

Bihar Politics News Hindi: लोकसभा चुनाव से पहिले राष्ट्रीय जनता दल के नीतियन आ निर्णय से पार्टी में काफी असंतोष नजर आ रहल बा। पार्टी के कई गो वरिष्ठ नेता पार्टी के फैसला से संतुष्ट नइके। नतीजा अइसन कि नेता लगातार राजद के अलविदा कह रहल बाड़े । राज्यसभा के पूर्व सदस्य अशफाक क्रीम के बाद अब पूर्व मंत्री आ वरिष्ठ राजद नेता वृषिण पटेल राजद से इस्तीफा दे देले बाड़े

वृषिण पटेल आपन इस्तीफा जगदानंद सिंह के भेजले

वृषिण पटेल इस्तीफा प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह के भेज देले बाड़न। वृषिण पटेल अपना इस्तीफा में कहले कि ए पार्टी के समर्पित कार्यकर्ता लो के जरूरत नइखे। पार्टी के सामाजिक न्याय आ सांप्रदायिक सद्भाव में आस्था नइखे। ए वजह से उऽ राष्ट्रीय जनता दल के प्राथमिक सदस्यता से इस्तीफा दे रहल बाड़न । वृषिण पटेल पहिलका नेता नइखन जे राजद छोड़ले बम

एकरा से पहिले अशफाक करीम देले रहले इस्तीफा

एकरा से पहिले लोकसभा चुनाव के टिकट ना मिलला से नाराज, राजद नेता अशफाक करीम राजद दिया इस्तीफा देले रहले। अशफाक करीम आपन इस्तीफा राष्ट्रीय जनता दल प्रमुख लालू प्रसाद के भेजले रहले। करीम लालू प्रसाद को भेजल त्यागपत्र में कहले रहले कि उऽ राष्ट्रीय जनता दल से सामाजिक न्याय के ताकत देवे खातिर जुड़ल रहले। बाकिर पार्टी मुसलमान के हक मरले बिया।

आबादी के अनुरूप तऽ दूर सम्मानजनक हिस्सेदारीयो ना दिहल गइल। अइसन हालत में राजद के साथे राजनीति कइल हमरा खातिर असंभव बा। अशफाक करीम के पहिले नवादा से पार्टी के पुरान नेता राजबल्लभ यादव के भाई विनोद यादव टिकट ना मिलला के बाद पार्टी के सब पदन से इस्तीफा देले रहले।

Tags :
biharBihar chunavbihar politicsBihar RJDLalu Prasad YadavLalu YadavpoliticsPoltics NewsRJD BIHARRJD LeaderRJD Supremo
Advertisement
Next Article