For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar Politics: 'राजद के गुंडन के चलते..', अब जेडीयू दिहलस लालू के पार्टी के करारा जवाब, सियासी घमासान तय

12:16 PM Feb 24, 2024 IST | Sonu Kishor
bihar politics   राजद के गुंडन के चलते     अब जेडीयू दिहलस लालू के पार्टी के करारा जवाब  सियासी घमासान तय
Advertisement

Bihar Politics: बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पऽ तेजस्वी यादव के हमला के बाद अब जेडीयू हमलावर हो गइल बिया। जेडीयू आरजेडी के करारा जवाब देले बिया। जदयू के राष्ट्रीय प्रवक्ता राजीव रंजन सुक के कहले कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के काम के बराबरी राजद के 17 बरिसन में कइल काम से नइखे कइल जा सकत। आरजेडी 17 महीना के ढोल पीट रहल बिया। ई तऽ पूरा के पूरा बेईमानी बा।

Advertisement

आरजेडी के गुंडन के चलते बिहार में कानून बेवस्था खस्ताहाल रहें 

राजीव रंजन कहले कि बिहार के जनता भूलाइल नइखे कि नीतीश सरकार से पहिले बिहार में ना तऽ सड़के रहें आ नाहीं बिजली-पानी के बेवस्था। राजद (RJD) के गुंडन के चलते बिहार में कानूनी बेवस्था खस्ताहाल रहें। खुद न्यायालय बिहार में जंगल राज के बात कहले रहें।

जदयू प्रवक्ता कहले कि ई नीतीश सरकार के देन कि आज बिहार के विकास दर देश के विकास दर से तेज बा। राज्य के कोना-कोना में सड़कन के जाल बिछ गइल बा। लोग बेखौफ होके देर रात ले बाजार में घूमत नजर आ रहल बा। गरीबी दर में रिकार्ड कमी आईल बा।

तेजस्वी कहले - हम एगो थाकल मुख्यमंत्री से काम करऽवनी

ओहिजा तेजस्वी यादव (Tejashwi Yadav) हर मंच से कहत नजर आ रहल बाड़न कि हम थाकल मुख्यमंत्री से काम करऽवनी। एक दिन में 2 लाख बेरोजगारन के सरकारी नौकरी के नियुक्ति पत्र बंटवा के देश में लकीर खींच देनी। ई सराहे लायक बा। तेजस्वी कहले कि नीतीश कुमार डेढ़ साल में दू बेर पलटी मरले बाड़न। नीतीश कुमार भरोसा के लायक ना रहलें।

राजद में टू जी के राज

उहें सम्राट चौधरी (Samrat Chaudhary) परिवारवाद के लेके विपक्षी दलन पऽ जोरदार कटाक्ष कइले। उऽ कहले कि राजद में टू जी माने की दूसरका पीढ़ी राज कर रहल बिया। पहिले माई, बाबू रहें अब बेटों आ गइल। एही तरे तमिलनाडु में थ्री जी वाला लोग बा। कांग्रेस में तऽ फोर जी बा, मोतीलाल नेहरू, पंडित नेहरू, इंदिरा गांधी, राजीव गांधी आ अब राहुल गांधी आ गइले।

Tags :
Advertisement