For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar Politics: एने नीतीश से मुलाकात, ओने JDU में ज्वाइनिंग; पूर्व सांसद लालू के साथे कइले 'खेला'

05:12 PM Apr 18, 2024 IST | Sonu Kishor
bihar politics  एने नीतीश से मुलाकात  ओने jdu में ज्वाइनिंग  पूर्व सांसद लालू के साथे कइले  खेला
Advertisement

Bulo Mandal Joins JDU जदयू के सदस्यता ग्रहण कइला के बाद बुलो मंडल कहले कि राजद अब पुरनका समय के पार्टी ना रहल। दल के अंदर आंतरिक लोकतंत्र खत्म हो चुकल बा एहिसे उऽ राजद के छोड़ जदयू के सदस्यता ले लेले। राजद के अब हमार जरूरत नइखे। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के नेतृत्व में बिहार आगे बढ़ रहल बा।

Advertisement

Bulo Mandal Joins JDU भागलपुर से वर्ष 2014 में राजद से सांसद बनल शैलेश कुमार उर्फ बुलो मंडल बियफे के जदयू प्रदेश कार्यालय में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से मुलाकात के बाद जदयू के सदस्यता ग्रहण कर लेले।

जदयू के पूर्व राष्ट्रीय अध्यक्ष राजीव रंजन सिंह उर्फ ललन सिंह, मंत्री विजय कुमार चौधरी आ जदयू के प्रदेश अध्यक्ष उमेश सिंह कुशवाहा बुलो मंडल के जदयू के सदस्यता दिअवलस। उनका साथे राजद के करीब 50 आउर लोग जदयू की सदस्यता ग्रहण कइलस।

बुलो मंडल ने थमले जदयू के दामन। फोटो- जदयू एक्स अकाउंट

जदयू के सदस्यता ग्रहण कइला के बाद बुलो मंडल कहले कि राजद अब पुरान समय के पार्टी ना रहल। दल के अंदर आंतरिक लोकतंत्र खत्म हो चुकल बा एहिसे उऽ राजद के छोड़ जदयू के सदस्यता ले लेले। राजद के अब हमार जरूरत नइखे। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के नेतृत्व में बिहार आगे बढ़ रहल बा। जवन दल के करी आ आम लोगन के बात सुनी ओकरे साथे हमरा रहे के बा।

बुलो मंडल के JDU में अइला पऽ का कहले ललन?

जदयू के पूर्व राष्ट्रीय अध्यक्ष राजीव रंजन सिंह उर्फ ललन सिंह ने कहले कि अति पिछड़ा समाज से आवे वाला बुलो मंडल के पहचान जमीनी कार्यकर्ता के रहल बा। राजद के सोच कबो अति पिछड़ा वर्ग के प्रति नइखे रहल। उहे, नीतीश कुमार अति पिछड़ा वर्ग खातिर जवन काम कइले ओकर कवनो जोड़ नइखे।

जदयू काफी मजबूत स्थिति में बिया

बुलो मंडल के जदयू में अइला से भागलपुर आ पूर्णिया इलाके में जदयू मजबूत होई। जदयू के वरिष्ठ नेता आ मंत्री विजय चौधरी कहले कि अति पिछड़ा आ अल्पसंख्यक समाज के लोग लगातार जदयू में शामिल हो रहल बा। इनका लोग के गोलबंदी जदयू के समर्थन में हो रहल बा। ई सूचक बा कि आवे वाला समय में का होखे वाला बा। जदयू काफी मजबूत स्थिति में बिया। मुख्यमंत्री जवन काम कइले बाड़े ओकर हर जगह चर्चा हो रहल बा।

उऽ बतवले, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी खुद चुनावी सभा में कहले हऽ कि नीतीश कुमार जवन काम कइले बाड़े ओकर श्रेय दूसर लोग लेवे के चाहत बा। मिलन समारोह में जदयू विधान पार्षद संजय कुमार सिंह, रवींद्र सिंह, आफाक अहमद खान, ललन सर्राफ आ पार्टी के प्रदेश पदाधिकारी चंदन कुमार सिंह मौजूद  रहले।

Tags :
Advertisement