For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar Politics: 'OBC के समय खत्म, अब दलित बनीहे CM'

02:01 PM Sep 01, 2024 IST | Sonu Kishor
bihar politics   obc के समय खत्म  अब दलित बनीहे cm
भाजपा के वरिष्ठ नेता आ पूर्व केंद्रीय मंत्री संजय पासवान
Advertisement

Bihar Politics: भाजपा के पूर्व केंद्रीय मंत्री बिहार में सीएम पद के लेके बड़ बयान देले बाड़े। उऽ कहले बाड़न कि अब ओबीसी के जमाना खतम हो गइल बा। अब दलित बिहार में सीएम बन जइहें। भाजपा नेता के नयका बयान के चलते राजनीतिक हलचल तेज हो गइल बा। एतने ना उऽ इहो कहले कि बिहार के जनता अब बदलाव चाहऽता।

Advertisement

भाजपा के वरिष्ठ नेता आ पूर्व केंद्रीय मंत्री संजय पासवान एतवार के अपना मांग से बिहार के राजनीति के एगो नाया हवा दे देले। पासवान कहले बाड़न कि ओबीसी के मुख्यमंत्री के समय खतम हो गइल बा।अब मुख्यमंत्री दलित समुदाय के होखे के चाही।

पासवान एगो टीवी चैनल से बात करत घरी ई मांग कइले बाड़न। उ कहले कि बिहार के जनता अब बदलाव चाहऽ तिया। सबके मौका मिलल, अब दलितो के मौका मिले के चाही।

Tags :
Advertisement