टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar Politics: RJD प्रत्याशी बीमा भारती पड़ली 'नरम', का अब पघिल जाई पप्पू यादव के दिल; छोड़िहें पूर्णिया सीट?

09:42 AM Mar 30, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Bihar News बिहार के पूर्णिया लोकसभा सीट पऽ घमासान छिड़ गइल बा। महागठबंधने के दुनु उम्मीदवार आमने सामने आ गइल बाड़े। आरजेडी प्रत्याशी बीमा भारती मैदान में डटल बाड़ी तऽ ओहिजा पप्पू यादवो कांग्रेस के झंडा लेके चुनाव में उतरे खातिर तइयार बाड़े। हालांकि बीमा भारती के सुर अब तनि नरम पड़ गइल बा। अब देखे के ई बा की पप्पू यादव के अगिला एक्शन का होई ?

Advertisement

बिहार में लोकसभा चुनाव से पहिले महागठबंधन में महाभारत छिड़ गइल बा। ए सियासी जंग के वजह बा पूर्णिया लोकसभा सीट जहां महागठबंधने के दुनु उम्मीदवार आमने-सामने आ गइल बाड़े । पप्पू यादव (Pappu Yadav) जहां कांग्रेस के झंडा लेके चुनावी मैदान में उतरे खातिर तइयार बाड़े, ओहिजा, आरजेडी के ओर से उम्मीदवार बीमा भारतीयो सीट छोड़े खातिर नइखी तइयार।

एही बीच अब बीमा भारती के ताजा बयान सामने आइल बा । समाचार एजेंसी पीटीआई से बात करत  उनकर सुर नरम दिखल। बीमा भारती के ए बयान के बाद अब सवाल उठ रहल बा कि का पप्पू यादव (Pappu Yadav) पूर्णिया सीट छोड़े खातिर तइयार होइहें। बाकिर, पप्पू यादव साफ कर देले बाड़े कि उऽ दुनिया छोड़ दिहें बाकिर पूर्णिया ना छोड़िहे।

बीमा दिहली बयान का पप्पू यादव होइहें नरम

बीमा भारती कहली कि पप्पू यादव हमार गार्जियन हउअन। बीमा भारती पप्पू यादव से पारिवारिक रिश्ता होखे के बात कहले बाड़ी। बीमा भारती से जब पूछल गइल कि का कांग्रेस नेता पप्पू यादव बिहार के पूर्णिया से उनका उम्मीदवारी के समर्थन करिहें ?

एपर बीमा भारती कहली कि कुछ लोग अफवाह फइला रहल बा कि उऽ हमार समर्थन ना करिहें आ उऽ एकर विरोध करिहें, बाकिर ई सांच बात नइखे। उऽ हमार अभिभावक हउअन आ रहिहें, हमनी के पारिवारिक रिश्ता बा आ हमनीं के मिल के पूर्णिया जीतब सन। बहुमत के साथे सीट जीतब सन।

Tags :
2024 ElectionsBihar chunavBihar CongRessBihar Lokashbabihar politicsBihar RJDLalu Yadavlok sabha electionLoksabha 2024 ElectionLoksabha Elections 2024Pappu YadavPurniya Newsz Bhagalpur NewsRJD BIHARRJD Leader
Advertisement
Next Article