टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar Politics: भाजपा के हरावे खातिर RJD बनवलस प्लान B, तेजस्वी के नया फॉर्मूला से सम्राट के किला होई ध्वस्त ?

10:54 AM Feb 09, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

बिहार में फ्लोर टेस्ट भलहि होखे बाकिर आरजेडी के पूरा ध्यान अबहि लोकसभा चुनाव पऽ चल गइल बा। नीतीश कुमार के एनडीए में चल गइला के बाद से लालू के गढ़ में चुनावी समीकरण बिगड़त लउकऽत रहे बाकिर अब आरजेडी कार्यकर्ता लो कमान सम्हार लेले बा। ई सब कार्यकर्ता अब तेजस्वी यादव के नयका फॉर्मूला के तहत काम करी।

Advertisement

बिहार में सरकार के शक्ति परीक्षण के लेके लाग रहल अरचन के बिच में राष्ट्रीय जनता दल एक साथे दुगो मोरचा पऽ लड़ाई के जारी राखे के परयास में जूटल बिया। पार्टी के वरिष्ठ नेता लो के विरोधी दल के खिलाफ हमला जारी राखे के हिदायत दिहल गइल बा तऽ दोसरा ओर पार्टी के आउर नेता-कार्यकर्ता लो के साथे संगठन के आउर दल के अब 17 महीना में कइल गइल काम के जानकारी घर-घर तले पहुंचावे के जिम्मेदारी सउँपल गइल बा।
राजद (RJD) प्रमुख लालू प्रसाद के निर्देश के बाद पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह के स्तर पऽ भइल बइठक में बीतल 17 महीने के गठबंधन सरकार में तेजस्वी यादव (Tejashwi Yadav) के पहल पऽ भइल काम पऽ चरचा भइल। बइठकी में इहो सहमति बनल जवन योजना, कार्यक्रम तेजस्वी यादव के पहल पऽ शुरू भइल रहे ओकर बखान घरे-घरे जाके कइल जाईं।
पार्टी के जिला से लेके प्रखंड स्तर तक के नेता संबंधित काम के साथे प्रखंड से लेके पंचायत तक एक-एक घर में जाईं लो आ बीतल 17 महीने में महागठबंधन के सरकार के नेतृत्व में कइल गइल प्रमुख 17 काम के ब्योरा दिही।

ए कुल्ह काम के बल पऽ आरजेडी करी बीजेपी के मुकाबला

पार्टी सूत्र से मिलल जानकारी के अनुसार पार्टी जवन काम के प्रचार खातिर सूचीबद्ध कइले बिया ओमे चार लाख से बेसी युवा लो के सरकारी नौकरी, 94.35 लाख गरीब परिवारन के 2-2 लाख रूपिया दिआवल के पहल कइल गइल, 35.42 लाख परिवारन के आवास निर्माण खातिर 1.20 रुपये दिआवल गइल, देश में पहिला बेर जाति आधारित गणना करावल गइल शामिल बा।
आरक्षण के सीमा के बढ़ाके 75 प्रतिशत तक कइल, बरिसन से लंबित मांग, नियोजित शिक्षकों के राज्यकर्मी के दर्जा देहल, स्वास्थ्य सेवा में सुधार कइल गइल, ओकरा बाद 1.35 लाख से अधिक पदन पऽ स्वास्थ्य कर्मियन के बहाली प्रक्रिया के अंतिम चरण तक पहुँचावलो शामिल बा।

एकरा अलावा शहरन में वाटर ड्रेनेज व्यवस्था के प्रविधान कइल, खेलन में मेडल लिआवल, नौकरी पाई योजना लागू कइल, विकास मित्र, टोला सेवक, शिक्षा मित्र आ तालीमी मरकज के मानदेय बढ़ावल, आंगनबाड़ी सेविका, सहायिका,आ पंचायत प्रतिनिधियन के मान- सम्मान बढ़ावे जइसन कुछ प्रमुख काम बा। सूत्र से पता चलल हऽ कि परचार के योजना के अंतिम रूप दे दिहल गइल बा। विधानसभा में शक्ति परीक्षण के बाद राजद नेता लो जिला खातिर निकली आ 17 महीने में 17 गो काम के लेखा- जोखा जनता के बीच राखि।
 

Tags :
Bihar BJPBihar CM Nitish Kumarbihar politicsBihar RJDjduLalu Prasad YadavLalu YadavRJD LeaderSamrat chaudriTejashvi Yadav
Advertisement
Next Article