For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar Politics: 'भूमिहार' वाला टिप्पणी पऽ जदयू में घमासान

02:08 PM Aug 31, 2024 IST | Sonu Kishor
bihar politics   भूमिहार  वाला टिप्पणी पऽ जदयू में घमासान
अशोक चौधरी के भूमिहार वाला कमेंट पऽ मिलल अल्टीमेटम
Advertisement

बिहार के ग्रामीण विकास मंत्री अशोक चौधरी के भूमिहार जाति के बारे में एगो टिप्पणी के चलते जदयू में झगड़ा मचल बा। पार्टी के मुख्य प्रवक्ता आ पूर्व मंत्री नीरज कुमार एकरा खातिर चौधरी पs अनुशासनात्मक कार्रवाई के मांग कइले बाड़े। अशोक चौधरी कहले रहले कि जहानाबाद के लोकसभा चुनाव में भूमिहार के एगो बड़ तबका जदयू के वोट ना देलस।

Advertisement

ग्रामीण विकास मंत्री अशोक चौधरी के भूमिहार जाति के बारे में एगो टिप्पणी के चलते जदयू में झगड़ा मचल बा। पार्टी के मुख्य प्रवक्ता अवुरी पूर्व मंत्री नीरज कुमार एकरा खातिर चौधरी पs अनुशासनात्मक कार्रवाई के मांग कइले बाड़े।

चौधरी तीन दिन पहिले जहानाबाद में भइल पार्टी के बइठक में कहले रहले कि भूमिहार के एगो बड़ तबका लोकसभा चुनाव में जदयू उम्मीदवार चंदेश्वर प्रसाद चंद्रवंशी के वोट ना दिहलस। एकरा चलते चंद्रवंशी के हार हो गइल। कहलन कि भूमिहार समुदाय मतदान करत घरी पार्टी से बेसी अपना जाति के प्राथमिकता देला। ई कवनो बढ़िया ट्रेंड नइखे।

Tags :
Advertisement