टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar Politics: 'मुख्यमंत्री के खुद कुछ पता ना रहेला', आखिर नीतीश कुमार पऽ काहे भड़कले तेजस्वी यादव?

12:28 PM Aug 17, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

प्रदेश नेता विपक्ष तेजस्वी यादव फेर से अपराध के लेके सरकार के घेरा में डाल देले। शुक के उऽ कहले कि राज्य में अपराध के घटना में भारी बढ़ोतरी भइल बा। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार खातिर इकबाल खतम हो गइल बा। उऽ लोग के कुछुओ पता नइखे। अफसर लोग जवन कहेला उहे करेले।

Advertisement

विपक्ष के नेता कहले कि देश के बाकी राज्य में मुख्यमंत्री बाड़े। बिहार देश के अकेला राज्य ह जवना के मुख्यमंत्री के निजी आकांक्षा आ महत्वाकांक्षा के पूरा करे खातिर राज्य बा।भलही पूरा बिहार में आग लाग जाए, बाकिर नीतीश कुमार के एकर कवनो परवाह नइखे।

तेजस्वी यादव कहले कि जदि पूरा बिहार में आग लागे तबो अराजकता हो सकऽता, कानून व्यवस्था के बिगड़त इस्थिति के चलते लोग परेशान हो सकतारे, बाकिर मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के एकरा से कवनो संबंध नइखे। उनका पूरा जिनिगी खातिर खाली मुख्यमंत्री के कुर्सी चाहीं। ओकरा खातिर बिहार के कतनो करोड़ जनता होखे, भविष्य बर्बाद हो जाव।

नीतीश कुमार बिहार के संभाले में सक्षम नइखन

उऽ कहले कि मुख्यमंत्री बिहार के संभाले में सक्षम नइखन। एहिसे बिहार में अपराधी के केहु से कवनो डर नइखे। उऽ केहेले कि ना तऽ केहू के फँसावेनी ना बचावेनी बाकिर जब चुनाव में जरूरत पड़ेला तऽ केहू के जेल से बाहर निकाल देनी आ फेर ओकरा के फेर से भीतर ले आवेनी। उऽ अपराध के मुद्दा से निपटे खातिर विशेष योजना बनावे आ पुलिस के हर तरह से सुसज्जित करे पs भी जोर देले।

Tags :
Bihar CM Nitish Kumarbihar newsbihar politicskhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsTejashwi Yadav
Advertisement
Next Article