टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar Politics: आरक्षण को लेके BJP के ई का कह गइले मनोज झा? ईयाद करवले मोहन भागवत के पुरान बयान

02:48 PM Apr 17, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Bihar News बिहार में लोकसभा चुनाव से पहिले एक बार फेर से आरक्षण पऽ विवाद छिड़ गइल बा। आरजेडी एक बार फेर से भाजपा के खिलाफ मोर्चा खोल देले बिया। आरजेडी के राज्यसभा सांसद मनोज झा बीजेपी पऽ आरक्षण खत्म करे के आरोप लगवले। मनोज झा कहले कि संविधान में संशोधन हो सकत बा बाकिर एकरा के बदलल नइखे जा सकत।

Advertisement

Bihar Politics News Hindi: राष्ट्रीय जनता दल आरोप लगवलस कि भाजपा देश के संविधान बदले के चाहत बिया। भाजपा के ई साजिश आज से ना पिछला 9 बरिस से हो रहल बा। 2015 में संघ प्रमुख मोहन भागवत संविधान के समीक्षा आ आरक्षण व्यवस्था में बदलाव के बात कइले रहले। भाजपा पऽ ई आरोप राजद प्रवक्ता मनोज झा लगवले। उऽ बुध के राजद कार्यालय में प्रेस से बात करत ई बात कहले।

मनोज झा लालू के पुरान बयान के कइले जिक्र

मनोज झा (Manoj Jha) कहले कि संविधान के लेके मोहन भागवत के बयान अइला के बाद राजद के राष्ट्रीय अध्यक्ष लालू प्रसाद बंच आफ थॉट किताब में लिखल बातन के जिक्र कइले आ जवन बात ओमें वर्णित रहे उऽ बातन के लोगन तक पहुंचवले।

भाजपा के नेता लो संविधान बदले के बात कर रहल बा: मनोज झा

मनोज झा (Manoj Jha) कहले कि आज पुनः उहे स्थिति बनावल जा रहल बा आ भाजपा के नेता संविधान बदले के बात कर रहल बाड़े। ‌भारत के संविधान देखावत झा केंद्र सरकार पऽ हमला बोलले उऽ कहले की उऽ लोग संविधान बदले के बात करत बा जबकि बाबा साहेब डॉ भीमराव अंबेडकर के ई संविधान सबका के हक आ अधिकार के गारंटी देला। जवना में शिक्षा, रोजगार, स्वास्थ्य आ हर स्तर पऽ सम्मान सहित सब मुद्दन के गारंटी मिलेला।

जबकि मोदी के लोग एकरा के बदले के बात करत बा। संविधान में संशोधन हो सकत बा रऊआ एकरा के बदल नइखे जा सकत। ई लोग आरक्षण खत्म करे वाला लोग हऽ आ गरीबन, शोषितन , वंचितन,पिछड़न, अतिपिछड़न, आदिवासीयन आ अल्प संख्यकयन के अधिकार के समाप्त करे वाला बात करेला। देश के जनता एकर ख्याल राखे। काहेकि नीयत साफ नइखे। ई लोग देश में नागपुर के संविधान लिआवे के चाहत बा।

आज देश के जनता के संविधान बचावे के बा: मनोज झा

मनोज झा कहले कि आज देश के जनता के संविधान बचावे के बा। हमनी के संकल्प नौकरी, स्वास्थ्य, शिक्षा सहित सब कुछ संविधान से लिहल गइल बा। संविधान बदले वाला पऽ प्रधानमंत्री जी काहे ना बोलेले। अपना लोग से काहे ना कहेले, एपर केहू कुछ ना बोली, आ जे ए तरे से बोल रहल बा , ओकरा पऽ कार्रवाई काहें ना करेले। वो लोगन के चुनाव लड़े से रोकत काहे नइखन।

सब कोई से संविधान बचावे खातिर इंडिया गठबंधन के साथे खड़ा होखे आ अइसन लोगन के जवाब देवे के अपील कइले। प्रेस कांफ्रेंस में एजाज अहमद ,मृत्युंजय तिवारी ,अरुण कुमार यादव ,प्रमोद कुमार सिन्हा उपेंद्र चंद्रवंशी उपस्थित रहले

Tags :
Bihar chunavbihar politicsLoksabha ElectionsLoksabha Elections 2024Manoj jhaRJd
Advertisement
Next Article