टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

केंद्र से बिहार के मिलल 3651 करोड़ के विशेष सहायता राशि, सड़क-शिक्षा समेत एह विभागन में होई काम काम…

03:23 PM Aug 10, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

बिहार से जुड़ल एगो बड़ खबर सामने आइल बा। केंद्र सरकार 2024-25 में पूंजी निवेश खातिर राज्य के विशेष सहायता के योजना के तहत दिहल जाए वाला रकम के पहिला किस्त जारी कऽ देले बिया। जानकारी के मुताबिक पहिला चरण में बिहार में अलग-अलग योजना खाती कुल मंजूर राशि 5532 करोड़ रुपया के मुक़ाबले 3651.12 करोड़ रुपया जारी भइल बा।

Advertisement

50 साल ले बिना ब्याज शर्त के दिहल गइल राशि

ई रकम राज्यन के बिना कवनो ब्याज के शर्त के 50 साल ले उपलब्ध करावल जाला। एमें ऊर्जा विभाग के विभिन्न योजना खातिर 462 करोड़ रुपिया जारी कइल गइल बा। एकरा अलावा केंद्र के ओर से उर्जा विभाग खाती 566 करोड़ रुपया के आवंटनो नवनिर्मित वितरण क्षेत्र योजना के तहत कइल गइल बा। एह तरे ऊर्जा विभाग के केंद्र सरकार से कुल 1048 करोड़ रुपया के विशेष सहायता मिलल बा।

सडक निर्माण, शिक्षा विभाग आ आउर दोसरो क्षेत्र के पइसा मिलल

एकरा अलावे पहिला किस्त के तौर पs बिहार में सड़क निर्माण खातिर 990 करोड़, ग्रामीण काम खातिर 990, स्वास्थ्य खातिर 462 करोड़, शिक्षा विभाग खातिर 330 करोड़, जल संसाधन, जनस्वास्थ्य खातिर 219.12 करोड़ आ 198 करोड़ रूपिया स्वास्थ्य एवं अभियंत्रण खातिर जारी कइल गइल।

ऊर्जा विभाग के पहिला किस्त मिलल

एकरा तहत ऊर्जा विभाग खातिर कुल मंजूर राशि 700 करोड़ रुपया बा, जवना में से 462 करोड़ रुपया पहिला किस्त के रूप में मिलल बा। बिहार सरकार के ऊर्जा अउरी योजना विकास मंत्री बिजेंद्र प्रसाद यादव कहले कि ए मदद से जवन रकम मिली ओकरा से ऊर्जा के क्षेत्र में बिहार के विकास के एगो नाया गति मिली।

गिरिराज सिंह देले प्रतिक्रिया

बता दी कि नीतीश सरकार केंद्र से मांग करत रहल बा कि बिहार के विशेष राज्य के दर्जा दिहल जाव भा विशेष सहायता पैकेज दिहल जाव। हालही में ई मुद्दा काफी गरम रहल। केंद्र के ओर से पहिला किस्त जब बिहार के जारी कइल गइल तऽभाजपा नेता सह केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह आपन प्रतिक्रिया देले आ सोशल मीडिया एक्स पs ट्वीट कऽ के ए रकम के बारे में जानकारी देले।

Tags :
Bihar CM Nitish Kumarbihar governmentbihar newscentral government
Advertisement
Next Article