For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar STET Result 2024: बिहार राज्य शिक्षक पात्रता परीक्षा के रिजल्ट अगिला सप्ताह, बोर्ड अध्यक्ष देलें जानकारी

11:52 AM Nov 17, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
bihar stet result 2024  बिहार राज्य शिक्षक पात्रता परीक्षा के रिजल्ट अगिला सप्ताह  बोर्ड अध्यक्ष देलें जानकारी
Bihar STET 2024
Advertisement

Bihar STET Result 2024: बिहार स्कूल एग्जामिनेशन बोर्ड (BSEB) के ओर से आयोजित कइल जाये वाला बिहार एसटीईटी (Secondary Teacher Eligibility Test) परीक्षा के परिणाम के इंतजार कs रहल लाखन अभ्यर्थियन खातिर एगो महत्वपूर्ण अपडेट आइल बा। बिहार बोर्ड के अध्यक्ष, आनंद किशोर सनीचर के घोषणा कइलें कि एसटीईटी के परिणाम अगिला सप्ताह तक जारी कs दिहल जाई। ई जानकारी ऊ सक्षमता परीक्षा के परिणाम घोषित करत घरी देलें। परिणामन के घोषणा के बाद, अभ्यर्थी आपन नतीजा bsebstet2024.com/login. पs जाके देख सकत बा लो।

Advertisement

एसटीईटी परीक्षा में उपस्थित उम्मीदवारन के संख्या

एसटीईटी पेपर-1 में तीन लाख 59 हजार 489 उम्मीदवारन आ पेपर-2 में दु लाख 37 हजार 442 उम्मीदवारन के परिणाम के बेसब्री से इंतजार बा। दुनो के पेपरन के आंसर-की पहिलही जुलाई में जारी कइल जा चुकल बा।

एसटीईटी परीक्षा के महत्व

बिहार एसटीईटी एगो क्वालीफाइंग परीक्षा बा, जवना के माध्यम से उम्मीदवारन के राज्य में शिक्षक बने के अवसर प्राप्त होला। ई परीक्षा बिहार विद्यालय परीक्षा समिति (BSEB) के ओर से आयोजित कइल जाला। एसटीईटी परीक्षा में सफलता पइला के बाद उम्मीदवारन के एसटीईटी लगे सर्टिफिकेट दिहल जात बा, जवन जिनगी भर वैध रही।

एसटीईटी परीक्षा के विशेषता

ई परीक्षा 11 जून से 19 जून तक दु पालियन में आयोजित कइल गइल रहे आ ई कम्प्यूटर आधारित टेस्ट (CBT) के रूप में निर्धारित केंद्रन पs आयोजित कइल गइल रहे। एसटीईटी परीक्षा में दुगो पेपर होला:

पेपर-1: ई परीक्षा माध्यमिक विद्यालयन के शिक्षकन के भरती खातिर होला।
पेपर-20: ई परीक्षा वरिष्ठ माध्यमिक विद्यालयन के शिक्षकन के भरती होला।

क्वालीफाइंग अंक

एसटीईटी में सफल होखे खातिर हर वर्ग खातिर न्यूनतम अंक निर्धारित कइल गइल बा:

सामान्य वर्ग: 75 अंक (दूसरको राज्य के उम्मीदवार सामिल)
पिछड़ा वर्ग: 68.25 अंक
ईडब्लूएस: 63.75 अंक
ओबीसी: 60 अंक
एससी/एसटी: 60 अंक
महिला आ दिव्यांग: 60 अंक

Tags :
Advertisement