For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar: स्टंट गर्ल पहिले हथियार लेके आ बाइक स्टंट कऽ के बना चुकल बिया रील, अब रेल नियम के ताक पऽ राख पुलिस के देलस चुनौती

02:19 PM Aug 20, 2024 IST | Sonu Kishor
bihar  स्टंट गर्ल पहिले हथियार लेके आ बाइक स्टंट कऽ के बना चुकल बिया रील  अब रेल नियम के ताक पऽ राख पुलिस के देलस चुनौती
Advertisement

मुजफ्फरपुर में बाइक पs स्टंट कऽ के वीडियो सोशल मीडिया पs पोस्ट कईला के बाद स्टंट गर्ल के एगो आउर एक्ट सोझा आइल बा। परिवहन नियम के उल्लंघन कइला के बाद उऽ रेलवे पटरी प पहुंचल आ भोजपुरी गीत पs नाचे लागल, वीडियो रील बना के अपना इंस्टाग्राम आईडी पs पोस्ट कऽ देलस। ओकर वीडियो फिर से अलग-अलग ग्रुप में वायरल हो रहल बा।

Advertisement

जानकारी के मुताबिक, हालही में हाईवे पs हाई स्पीड बाइक प अलग-अलग स्टाइल में स्टंट गर्ल के पोज देवे के वीडियो वायरल हो गइल रहे। ओकरा बाद पुलिस एह मामला में जांच शुरू कऽ के कार्रवाई शुरू कऽ देलस। स्टंट करे वाली लईकी एक बेर फेरु कानून तूड़ देले बिया। अब सड़क के बाद उऽ रेल नियम के उल्लंघन करत देखाई दे तिया। नया वायरल वीडियो में देखल जा रहल बा कि स्टंट गर्ल रेलवे ट्रैक के लगे खड़ा होके एगो गुटखा बनावे वाला के नाम पs बनल भोजपुरी गाना पs नाचत बिया, जवना के वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल होखऽता।

वायरल वीडियो के मुताबिक स्टंट गर्ल दु लाइन के रेलवे ट्रैक के नजदीक खड़ा बिया। एकरा में एगो इंजन जा रहल बा। एकरा संगे-संगे आरोपी लइकी दूसरा लाइन के लगे खड़ा होके वीडियो रील बनावत बिया। एकरा बाद उ वीडियो के अपना इंस्टाग्राम आईडी पs पोस्ट कइले बिया।

बतावल जाता कि आरोपी के स्टंट करे अवुरी कानून के उल्लंघन करे के कवनो नाया मामला नइखे। आरोपी लइकी एकरा से पहिले पार्क में घुस के हथियार से वीडियो रील बनवले रहे। एकरा बाद नियम के ध्यान में राखत उऽ हाई स्पीड बाइक पs अलग-अलग स्टाइल में स्टंट करत देखाई देली। ओकरा बाद पुलिस दुनो मामला में कार्रवाई कइलस। एकरा संगे-संगे आरोपी लइकी के माफी मांगला के बाद अउरी भविष्य में कबहूँ कवनो गलती ना करे के निहोरा कइला के बाद पुलिस ओकरा के कड़ा डांट देके छोड़ देले रहे। एकरा बाद अब एक बेर फेरु स्टंट गर्ल रेलवे एक्ट के कानूनी प्रावधान के उल्लंघन करत देखाई दे तिया।

पूरा मामला में आरपीएफ के चौकी प्रभारी मनीष कुमार कहले कि रेल लाइन प अवुरी स्टेशन पs अइसन कवनो वीडियो, रील चाहे शॉर्ट्स बनावल कानूनी अपराध बा। रेलवे स्टेशन से लेके चलत आ खड़ा ट्रेन तक रेलवे ओह लोग पर पूरा नजर राखेला जे रील बनावेला आ पटरी के सुरक्षा से खेलेला। आरपीएफ अइसन लोग के खिलाफ कार्रवाई कऽ के जेल भेज दिही।

Tags :
Advertisement