For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar: वैशाली में युवक के संदिग्ध मौत, चार के हालत गंभीर; परिजन बोलले- शराब पार्टी कऽ के घरे आइल तऽ तबीयत बिगड़ल

01:58 PM Aug 23, 2024 IST | Sonu Kishor
bihar  वैशाली में युवक के संदिग्ध मौत  चार के हालत गंभीर  परिजन बोलले  शराब पार्टी कऽ के घरे आइल तऽ तबीयत बिगड़ल
Advertisement

वैशाली में संदिग्ध परिस्थिति में एक युवक के मौत हो गइल बा जबकि चार जने के हालत गंभीर बनल बा। सभे पटना पीएमसीएच में दाखिला बा। इ बिदुपुर थाना क्षेत्र के मझौली चौक के लगे के घटना हऽ। गांव के लोग के आरोप बा कि पांचों लोग जहरीला शराब के सेवन कइले रहले। एकरा बाद पांचों के स्वास्थ्य बिगड़ गइल। परिवार के लोग के कहनाम बा कि रक्षाबंधन के दिन देर रात घर से करीब 100 मीटर दूर शराब के कारोबारी नवल राय के बेटा से दुनु दोस्त शराब लेके रेल लाइन के ओर गइल रहले आ शराब के पार्टी कइले। जइसहीं इ लोग के शराब खतम भइल, सबके मुंह से खून गिरे लागल। खून बहला अउरी गिरला के बाद परिवार के लोग तुरंत हाजीपुर के एगो निजी अस्पताल में भर्ती करवले, जहां से उनका के तुरंत पटना पीएमसीएच रेफर क दिहल गइल। हाजीपुर के निजी अस्पताल में भर्ती करावे से मना कऽ देले रहले। जहां मझौली गांव निवासी मनोज राय के 20 साल के बेटा छोटू के गुरुवार के देर रात निधन हो गइल। उनका बहनोई आ दोस्त के हालत गंभीर बनल बा।

Advertisement

रेलवे लाइन के लगे शराब के पार्टी कइले रहले

मरेवाला छोटू के चचेरा दादा बतवले कि छोटू घर के नजदीक नवल राय के बेटा से शराब लेके रेलवे लाइन के ओर गइल रहे अउरी अपना बहनोई आ बाकी दोस्त के संगे शराब पार्टी करे खाती चल गइल रहले। चार गो फूल क्वार्ट दारू लेहल गइल आ सभे भुंजा के साथे अधिका पी लिहलस। घरे आवते मुँह से खून निकले लागल। सरकारी अस्पताल ले जाए के बजाय सभके हाजीपुर प्राइवेट अस्पताल ले जाइल गइल। जब उ लोग दाखिला से मना कऽ देले अउरी पटना पीएमसीएच रेफर कऽ देले तऽ सभके इलाज उहाँ होखत रहे।  उ बतवले कि शराब के कारोबारी नवल राय अउरी उनुकर पत्नियो शराब के कारोबार खातिर जेल गइल रहली। छोड़ला के बाद उ घर में खुला पेट्रोल बेचे लगली अउरी उनकर बेटा शराब बेचे लागल। छोटू के मरला के बाद सब शराब के कारोबारी घर से निकल के भाग गइले।

एकरा से पहिले दुनो परिवार के बीच विवाद भइल रहे

वैशाली के एसपी हर किशोर राय बतवले कि अबही तक जहरीला शराब के कवनो जिक्र नइखे भइल लबाकिर सोझा आईल बा कि कुछ नशा के सेवन से एगो युवक के मौत हो गइल बा। इहाँ सदर एसडीपीओ मौका पs पहुंचले अउरी पूरा मामला के जांच में व्यस्त बा। शुरुआती जांच में पाता चलल कि दुनो परिवार के बीच पिछला विवाद चलत रहे। एक पार्टी दोसरा पक्ष के जहरीला पदार्थ खियावे के शंका बा।

Tags :
Advertisement