टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar Teacher News: दानापुर में गंगा नदी में डूबले बीपीएससी शिक्षक, दु गो नाव के टक्कर से भइल बड़ हादसा; मचल हड़कंप

03:10 PM Aug 23, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Bihar Teacher News: बिहार के राजधानी पटना के दानापुर में गंगा नदी में डूबे के चलते बीपीएससी के एगो शिक्षक के आज मौत हो गइल। बीपीएससी के शिक्षक अविनाश कुमार नाव से गंगा नदी पार क के स्कूल में पढ़ावे जात रहले, बाकिर पीछे से एगो दोसर नाव टक्कर मार दिहलस, जवना के बाद हंगामा मच गइल। पटना के डीएम चंद्रशेखर सिंह एसडीआरएफ के टीम भेजले बाड़े।

Advertisement

दानापुर के गंगा नदी के नासरीगंज घाट से स्कूल जाए वाला बीपीएससी के शिक्षक अविनाश कुमार गंगा नदी में डूब गइले। जवना के चलते उनकर मौत हो गइल। उ दियारा के छोटा कासिमचक में इस्थित अपग्रेड मिडिल स्कूल के शिक्षक रहले।

पटना के सार्थुआ टोप निवासी रामकरण प्रसाद के बेटा अविनाश के संगे रहेवाला शिक्षक के कहनाम बा कि नदी में गिरला के बाद उत लोग हल्ला मचवले बाकिर घाट पs मौजूद नाविक ओ लोग के बचावे के कोशिश तक ना कइले।

साथी शिक्षक लोग के कहनाम बा कि नाव पs आपन बाइक रखला के बाद अविनाश खुद बाइक पs बइठल रहले कि पीछे से नाव उनुका नाव से टकरा गइल। एकरा चलते अविनाश नदी में गिर के डूब गइल।

घटना के जानकारी मिलते पटना के डीएम डॉ. चंद्रशेखर सिंह एसडीआरएफ के टीम के घटना स्थल पs भेज देले। नदी में शिक्षक के तलाशी लिहल जाता। दानापुर के एसडीओ आ एएसपी के भी डीएम के ओर से मौका पs जाए के निर्देश दिहल गइल बा।

Tags :
accident news biharBihar accident newsbihar newsBIHAR Patnabihar teachersBihar Teachers CandidatesKhabar Bhojpuri News
Advertisement
Next Article