For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar Teacher News: पहिला दिने 80 हजार शिक्षकन के दर्ज भइल ऑनलाइन उपस्थिति, परेशानी से बचे खातिर मिलल एगो आउर विकल्प

09:53 AM Jun 26, 2024 IST | Sonu Kishor
bihar teacher news  पहिला दिने 80 हजार शिक्षकन के दर्ज भइल ऑनलाइन उपस्थिति  परेशानी से बचे खातिर मिलल एगो आउर विकल्प
Advertisement

Bihar News बिहार में शिक्षा विभाग शिक्षकन के अटेंडेंस के ऑनलाइन व्यवस्था लागू कऽ दिहल गइल बा। अब शिक्षकन के ई-शिक्षाकोष ऐप के माध्यम से उपस्थिति दर्ज करावे के होई। हालांकि एह प्रक्रिया के पहिला दिने उनका सामने कई गो परेशानी खड़ा हो गइल। टीचर स्कूल समय पs पहुंच गइले बाकिर ऐप पs लोकेशन गलत देखा रहल बा। अइसे में कई गो शिक्षक समय रहते आपन उपस्थिति दर्ज ना करा सकलें।

Advertisement

राज्य के सब सरकारी विद्यालयन में कार्यरत करीब छह लाख शिक्षकन के ऑनलाइन उपस्थिति दर्ज करावे के ट्रायल मंगर से शुरू हो गइल। पहिला दिने ई-शिक्षाकोष मोबाइल एप के माध्यम से 80 हजार शिक्षकन के ऑनलाइन उपस्थिति दर्ज भइल। मोबाइल एप उपस्थिति बनावे में शिक्षकन के कवनो परेशानी ना होखे, एकरा खातिर शिक्षा विभाग में परियोजना प्रबंधन इकाई गठित कइल गइल बा।

परेशान शिक्षकन खातिर मिलल एगो आउर विकल्प

कवनो शिक्षक के एप से हाजिरी बनावे में परेशानी हो रहल बा तऽ उनका तकनीकी सहायता विभाग के स्तर से उपलब्ध करावल जा रहल बा। शिक्षा विभाग के आदेश के मोताबिक अगिला तीन महीने तक सब विद्यालयन में शिक्षकन के आनलाइन के साथे - साथे स्कूल पंजीयो पs भी उपस्थिति बनी। ताकि, कवनो शिक्षक के उपस्थिति दर्ज करे में कवनो परेशानी ना होखे।

नया व्यवस्था से शिक्षकन के सही उपस्थिति हो सकी दर्ज

विभाग के एह नया व्यवस्था से विद्यालयन में शत-प्रतिशत शिक्षकन के उपस्थिति सुनिश्चित करे में मदद मिली। ई व्यवस्था सब प्रारंभिक, माध्यमिक आ उच्च माध्यमिक विद्यालयन में लागू कइल गइल बा। मोबाइल एप से शिक्षकन के उपस्थिति उनका फोटो के साथे दर्ज हो रहल बा। एमें प्रधानाध्यापको शामिल बाड़न।

विभाग के अपर मुख्य सचिव डा.एस. सिद्धार्थ के निर्देश के अनुसार शिक्षकन के मोबाइल एप से आनलाइन उपस्थिति के ट्रायल 30 जून तक चली।ओकरा बाद एक जुलाई से पूरा तरह से मोबाइल एप से आनलाइन उपस्थिति के व्यवस्था होई।

Tags :
Advertisement