टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बिहार: गोपालगंज में टीचर के बेटा रचलस खुद के अपहरण के साजिश, दोस्त के साथे यूपी से गिरफ्तार

04:25 PM Aug 16, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

बिहार के गोपालगंज जिला में एगो शिक्षक के बेटा खुद के अपहरण करे के साजिश रच के एक लाख रुपया के मांग कइलस। पुलिस 24 घंटा के भीतर मामला के सुलझा लिहलस आ ओकरा के अउरी ओकरा दोस्त के गिरफ्तार कऽ लेलस। पिता एकरा से पहिले फिरौती के तौर पs 10 हजार रुपया के हस्तांतरण कइले रहले।

Advertisement

गोपालगंज के एगो सरकारी स्कूल के शिक्षक के बेटा पइसा खातिर खुद के अपहरण करे के साजिश रचलस। 14 अगस्त के हेमंत कुमार मांझी नाम के इ लइका अपना दोस्त राजन कुमार के संगे अपहरण के नाटक कइलस आ अपना पिता से एक लाख रुपया के फिरौती के मांग कइलस। संगही, पिता अपना बेटा के सुरक्षा खातिर अपहरण करेवाला के ओर से दिहल खाता में 10 हजार रुपियो भेज देले। 24 घंटा के भीतर पुलिस एह फर्जी अपहरण केस के पर्दाफाश कऽ के दुनो दोस्त के यूपी के देवरिया से गिरफ्तार कऽ लेलस।

जगदीशपुर गांव के मामला

इ मामला गोपालगंज जिला के विजयपुर थाना क्षेत्र के जगदीशपुर गांव से जुड़ल बा। पीड़िता के पिता अशोक कुमार मांझी विजयपुर के सरुपाई मिडिल स्कूल में शिक्षक हउवे। 14 अगस्त के जब उऽ स्कूल से घरे पहुंचले तऽ उनुकर बेटा हेमंत घर में ना रहे। हेमंत स्कूल से घर खातिर निकलल रहले बाकिर घरे ना पहुंचल। कुछ समय बाद अशोक कुमार मांझी के फोन आइल तऽ फोन करेवाला बतवले कि उनकर बेटा हेमंत के अपहरण हो गइल बा। अपहरण करेवाला एक लाख रुपया के फिरौती के मांग कइले अवरू पईसा भेजे खाती खाता नंबरो देले।

एक लाख रुपया के फिरौती के मांग कइल गइल

अपना बेटा के सुरक्षा खाती अशोक कुमार मांझी तुरंत अपहरणकर्ता के खाता में 10 हजार रुपया ट्रांसफर कऽ के विजयपुर थाना में अपहरण के रिपोर्ट दर्ज करवले। मामला के गंभीरता देख के गोपालगंज के एसपी तुरंत एसआईटी के गठन कइले। एसआईटी तुरंत जांच शुरू कऽ देलस आ 24 घंटा के भीतर यूपी के देवरिया से हेमंत आ दोस्त राजन के गिरफ्तार कऽ लेलस।

छात्र आ ओकर दोस्त गिरफ्तार : एसडीपीओ

एसडीपीओ आनंद मोहन गुप्ता कहले कि, अपहरण भओल हेमंत कुमार मांझी खुद के अपहरण करे के साजिश रचले रहले। उऽ अपना पिता से पइसा के मांग करत रहे। एकरा खाती उऽ खुद के अपहरण करे के साजिश रच के एक लाख रुपया के मांग कइलस। एसडीपीओ आनंद मोहन गुप्ता आगे कहले कि, 'हेमंत के दोस्त राजन कुमार झूठा अपहरण के साजिश में सहयोगी रहे। ए मामला में पुलिस दू गो मोबाइल फोन आ उऽ सिम कार्ड बरामद कइले बिया, जवना से फिरौती के मांग कइल गइल रहे। पुलिस आगे के कार्रवाई करतिया।

Tags :
Apradh newsGopalganj BiharGopalganj newsGopalganj PoliceKhabar Bhojpuri News
Advertisement
Next Article