टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बिहार: मधेपुरा DM के कार से कुचटा के 3 लोगन के दर्दनाक मउत, सड़क पs दिखल खौफनाक मंजर 

01:27 PM Nov 21, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

बिहार के मधेपुरा में डीएम के गाड़ी से कुचलला के बाद तीन लोग के दुखद मउत हो गईल। दुर्घटना के बाद मउका पs चीख-पुकार मच गईल। दुर्घटना के बाद के दृश्य बहुत भयावह रहे। लाश सड़क पs बिखराइल रहे। दुर्घटना के समय गाड़ी में डीएम मौजूद ना रहले।

Advertisement

जानकारी के मुताबिक डीएम के गाड़ी पटना से मधेपुरा जात रहे। ओकरा बाद मधुबनी के फुलपरास थाना क्षेत्र के एनएच 57 पs चार लोग के कुचल दिहलस। जवना के चलते तीन जने के मउका पs मउत हो गईल, जबकि एक के हालत गंभीर बतावल जाता। गाड़ी के भीतर डीएम मौजूद नईखन। डीपीआरओ खुद एकर पुष्टि कईले बा।

घटना से नाराज गांव के लोग गाड़ी के तोड़फोड़ कs देले। सूचना मिलला के बाद भारी पुलिस बल मउका पs पहुंचल। मामिला के बारे में मधेपुरा के डीपीआरओ कुंदन कुमार सिंह के कहनाम बा कि गाड़ी में कुछ तकनीकी दोष रहे। दुर्घटना कईसे भईल इs जांच के विषय बा। संगही, जब इs दुर्घटना भईल तs जिला मजिस्ट्रेट गाड़ी में ना रहले।

 

 

Tags :
accidentAccident Newsaccident news in bhojpuribihar newsroad accident
Advertisement
Next Article