टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar Transfer News: नीतीश सरकार के नया फरमान, कर्मचारियन के तबादला के लेके दे देले ई आदेश

08:19 AM Jun 11, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

कवनो राजस्व कर्मचारी पांच बरिस से बेसी समय से एगो अंचल में तैनात बाड़े तऽ उनकर तबादला निश्चित रूप से दूसरका अंचल में कइल जाव। शहरी क्षेत्रन में दू बरिस से ज्यादा समय से तैनात राजस्व कर्मचारियन के ग्रामीण अंचलन में तैनात करे के आदेश दिहल गइल बा। नगर पालिका नगर परिषद आ नगर पंचायतन के शहरी क्षेत्र मानल गइल।

Advertisement

एकही स्थान पs लंबा समय से पदस्थापित राजस्व कर्मचारियन के अनिवार्य तबादला होई। राजस्व आ भूमि सुधार विभाग के अपर मुख्य सचिव दीपक कुमार सिंह सोमार के ई आदेश देले।

उऽ जिलाधिकारियन के लिखल पत्र में कहले कि उऽ आपन निगरानी में एह आदेश के लागू करस। पत्र में कहल गइल बा कि कवनो राजस्व कर्मचारी पांच बरिस से बेसी समय से एगो अंचल में तैनात बाड़े तऽ उनकर तबादला निश्चित रूप से दूसरका अंचल में कइल जाव।

शहरी क्षेत्रन में दू बरिस से जादा समय से तैनात...

शहरी क्षेत्रन में दू बरिस से जादे समय से तैनात राजस्व कर्मचारियन के ग्रामीण अंचलन में तैनात करे के आदेश दिहल गइल बा। नगर पालिका, नगर परिषद आ नगर पंचायतन के शहरी क्षेत्र माना गइल बा। पत्र में कहल गइल बा कि जिलाधिकारी एह आदेश के शत प्रतिशत लागू करस।

शारीरिक रूप से अशक्त कर्मचारियन के एमें तनि राहत दिहल गइल बा। अइसे में कर्मियन के एगो हलका से दूसरका हलका में तबादला करे के विकल्प दिहल गइल बा। प्रशासनिक आधार पs तबादला में पांच बरिस के सीमा शिथिल कर दिहल गइल बा।

एह मामला में पांच साल से कम अवधि वाला राजस्व कर्मचारियन के तबादला कइल जाई। हालांकि तीन साल पहिलहू राजस्व कर्मचारियन के तबादला के आदेश दिहल गइल बा। बाकिर , प्रक्रिया पूरा होखे के बाद ओकरा के स्थगित कर दिहल गइल बा।

Tags :
bihar newsBIHAR transfer newsCm Nitish KumarKhabar Bhojpuri Newskhabar bhojpuri news special
Advertisement
Next Article