For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar Voting Time: बिहार में मतदान के समय बदलल, जानी नया टाइम; ई वजह से चुनाव आयोग लेलस फैसला

11:48 AM Apr 25, 2024 IST | Sonu Kishor
bihar voting time  बिहार में मतदान के समय बदलल  जानी नया टाइम  ई वजह से चुनाव आयोग लेलस फैसला
Advertisement

Bihar News बिहार में भीषण गर्मी के देखत  चुनाव आयोग बड़ फैसला लेले बा। एकरा तहत अब तीन चरण के मतदान के समय बदल दिहल गइल बा। तीनों चरणन में कुल 1700 बूथन पऽ वोटिंग के समय बदल दिहल गइल बा। चुनाव आयोग के निर्देश पऽ अधिसूचना जारी कइल गइल। राजनीतिक दलन के परामर्श के बाद ई फैसला लिहल गइल बा।

Advertisement

मौसम के तेवर के देखत चुनाव आयोग तीन चरणन 1700 बूथन पऽ मतदान के समय बदल दिहल गइल बा। ई परिवर्तन संबंधित लोकसभा क्षेत्र के जिला निर्वाचन अधिकारियों द्वारा राजनीतिक दलन आ अन्य हितधारकन के साथे कइल गइल परामर्श के बाद कइल गइल बा।

ई लोकसभा क्षेत्रन में मतदान के समय बदलल

दूसरका चरण के लोकसभा क्षेत्र बांका, तीसरका चरण के लोकसभा क्षेत्र मधेपुरा आ खगड़िया आ चउथा चरण के चुनाव क्षेत्र मुंगेर के आउर विधानसभा क्षेत्रन में बनावल गइल बूथन पऽ मतदान के समय बदले के निर्णय लिहल गइल बा। एह संबंध में बुध के भारत निर्वाचन आयोग के ओर अधिसूचना जारी कर दिहल गइल बा। साथही , राज्य के गजट में एकर प्रकाशनो कर दिहल गइल बा। शेष चुनाव क्षेत्रन के विधानसभा खंडन खातिर मतदान के घरी ओहिजा  रहिहें जवन अधिसूचना में दिहल गइल बा।

पढ़ी का बा नया टाइम

चुनाव आयोग के अनुसार बांका लोकसभा चुनाव क्षेत्र के कटोरिया में 172 बूथन खातिर मतदान के समय सुबह सात बजे से शाम छह बजे तले आ 102 बूथन खातिर मतदान के समय भोरे सात बजे से सांझ के चार बजे तक होई। जबकि, बेलहर विधानसभा क्षेत्र में 191 बूथन पऽ भोरे सात बजे से सांझ छह बजे तले आ शेष 146 बूथन पऽ भोरे सात बजे से सांझ चार बजे ले मतदान होई।

ओहिजा, मधेपुरा संसदीय क्षेत्र के महिषी विधानसभा क्षेत्र में 207 बूथन पऽ सात से छह बजे ले, जबकि शेष 107 बूथन पऽ सात से चार बजे ले मतदान होई। उहें, खगड़िया संसदीय क्षेत्र के सिमरी बख्तियारपुर विधानसभा क्षेत्र के 299 बूथन पऽ सात से छव बजे ले, जबकि शेष 60 बूथन पऽ सात से चार बजे ले मतदान होई। अलौली आ बेलदौर के 67 बूथन पर मतदान के समय बदलल बा।

बांका लोकसभा क्षेत्र में ई बा टाइमिंग

आयोग के अनुसार दूसरका चरण में खाली बांका संसदीय क्षेत्र के कटोरिया विधानसभा क्षेत्र के 172 मतदान केंद्रन पऽ सांझ 6 बजे ले वोटिंग होई।

एमें मतदान केंद्र संख्या 12 से 44, 46 से 48, 51 से 60, 62 से 91, 94, 95, 101 से 105, 108 से 116, 118, 119, 121, 122, 127 से 131, 145 से 195, 198 से 205, 208 से 212, 223, 226 से 229, 231, 252 शामिल बा। एह विधानसभा के शेष 102 मतदान केंद्र पऽ सांझ 4 बजे के वोटिंग होई। बेलहर विधानसभा क्षेत्र के 191 मतदान केंद्रन पऽ सांझ 6 बजे ले वोटिंग होई।

एमें मतदान केंद्र संख्या - 22 से 27, 35 से 50, 63 से 70, 72 से 92, 110 से 116, 121 से 165, 168 से 172, 176 से 181, 183 से 199, 205, 207, 208, 212, 213, 221, 225 से 238, 241 से 245, 248 से 252, 255, 258 से 260, 277, 278, 285, 297 से 300, 302 से 311, 315 से 317, 320 से 324, 326, 329, 332 से 337 शामिल बा। एह विधानसभा के शेष 146 मतदान केंद्रन पऽ शाम 4 बजे ले वोटिंग होई।

Tags :
Advertisement