For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar Weather : पटना सहित एह 30 जिलन में बरखा आ वज्रपात के यलो अलर्ट; जानीं, अपना शहर के मौसम के हाल

10:29 AM Aug 01, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
bihar weather   पटना सहित एह 30 जिलन में बरखा आ वज्रपात के यलो अलर्ट  जानीं  अपना शहर के मौसम के हाल
Advertisement

पटना सहित कइयन जिलन में आसमान से राहत के बूंदा बरसल बा। पटना में बुध के सांझ के कइयन इलाकन में हल्का बरखा भइल। बियफे के खूब भोरे से मध्यम दर्जा के बरखा उमस भरल गरमी से राहत देलस। बाकिर, पटना के कइयन इलाकन में सड़क पs जलजलाव के समस्या उत्पन्न हो गइल। मौसम विभाग आज पटना, गया, भागलपुर, मुजफ्फरपुर, पूर्णिया, सारण, समेत 30 जिलन में बरखा के यलो अलर्ट जारी कइल गइल बा। सीतामढ़ी, शिवहर, मुजफ्फरपुर, समस्तीपुर, दरभंगा, मधुबनी, सुपौल, पूर्णिया, कटिहार, किशनगंज, अररिया, मधेपुरा, सहरसा, मुंगेर, बेगूसराय, लखीसराय, भागलपुर, जमुई, पूर्वी चंपारण, पटना, भोजपुर, औरंगाबाद, अरवल, गया, गोपालगंज, सीवान, सारण, वैशाली, बक्सर, रोहतास के कइयन इलाकन में एक से तीन घंटा में हल्का से मध्यम दरजा के मेघ गर्जन आ वज्रपात के पूर्वानुमान बा। मौसम विभाग एह इलाकन में यलो अलर्ट जारी कइले बा। मौसम विभाग लोगन से अपील कइले बा कि खराब मौसम के दौरान अपना पशुधन आ खुद के बाहर निकलला से बचीं। मेघगर्जन के दौरान पेड़-पौधे के नीचे शरण मत लीं। बरखा के समय सुरक्षित स्थान पs जाकर बइठ जाईं।

Advertisement

तापमान में गिरावट देखे के मिल रहल बा

पिछला चार बरिस के बरखा के आकलन समूचा बिहार पs देखल जावs तs मानसून सीजन एक जून से 31 जुलाई तक 2020 में 45%, 2021 में 19% सामान्य से जादे 2022 में 39% आ 2023 में सामान्य से 48% के कमी आइल रहे। मौसम विज्ञान केंद्र के माने के बा कि प्रदेश के कइयन जिलन में छिटपुट बरखा से अधिकतम तापमान में गिरावट देखे के मिल रहल बा। प्रदेश के लगभग सब जिलन में पिछला 24 घंटा में तापमान 40 डिग्री सेल्सियस से कम रिकॉर्ड कइल गइल। सर्वाधिक अधिकतम तापमान गोपालगंज में 38.5 डिग्री के अलावा पटना में 36.2, गया में 35.5, भागलपुर 36.2, पूर्णिया 36.4, बाल्मीकि नगर 35.7, मुजफ्फरपुर 35.0, छपरा 36.3, दरभंगा 37.0, सुपौल 36.5, फारबिसगंज 36.2, डेहरी 34.0, मधुबनी 35.7, मोतिहारी 36.0, शेखपुरा 37.4, जमुई 36.3, बक्सर 36.0, भोजपुर 36.5, समस्तीपुर 36.2, वैशाली 37.6, औरंगाबाद 33.3, बेगूसराय 37.0, बांका 36.2, कटिहार 35.4, नवादा 37.6, राजगीर 37.5, अररिया 36.1, जीरादेई 36.2, पूसा 36.0, किशनगंज 35.5, अरवल 36.4, बिक्रमगंज 32.0 आ मुंगेर 38.1 डिग्री सेल्सियस तापमान दर्ज कइल गइल।

एह इलाकन में बरखा के बा पूर्वानुमान

अगर मौसमी सिस्टम देखल जावs तs मानसून के अक्षय रेखा आज गंगानगर, हिसार, डेहरी से होत पूर्वोत्तर बंगाल के खाड़ी तक फइलल बा। एकरा अलावे झारखंड के आसपास चक्रवती परिसंचरण रहे। अब पश्चिम बंगाल आ आसपास के क्षेत्र पs समुद्र तल से 3.8 किलोमीटर ऊपर तक फइलल बा। एह दुनो मौसमी सिस्टम के कारण आज से अगिला 48 घंटा के दौरान राजधानी पटना सहित बिहार के दक्षिण भाग में हलुका से मध्यम स्तर के बरखा, जबकि उत्तर बिहार के तराई वाले क्षेत्र में एक दु जगह पs मध्य, जबकि शेष उत्तरी बिहार में हल्का बरखा के पूर्वानुमान बा।

Tags :
Advertisement