टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar: नालंदा में जमीन के विवाद में महिला के हत्या, दु फीट जमीन खातीर जान लेबे के आरोप; बाप बेटा के गिरफ्तार

08:28 PM Aug 16, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

नालंदा न्यूज : सिलव थाना के अध्यक्ष इरफान खान बतवले कि पंकी गांव में पहिले के विवाद के चलते बदमाश घर में घुस के लड़ाई लड़ले रहले। जवना में एगो महिला गंभीर रूप से घाही हो गइल। इलाज के दौरान उनकर मौत हो गइल। आरोपी बाप-बेटा के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा।

Advertisement

नालंदा में पिटाई से घाही भइल महिला के शुक्रवार के एगो निजी क्लिनिक में इलाज के दौरान मौत हो गइल। मामला सिलव थाना क्षेत्र के पनकी गांव के हs। मरेवाला के पहचान पनकी गांव निवासी शैलेन्द्र सिंह के पत्नी मीना देवी (60) के रूप में भइल बा।

घटना के बारे में मीना देवी के बेटा बतवले कि गुरुवार के उनकर महतारी सांझ के घर से बहरी आइल रहली। तब मिथिलेश सिंह आ कुंदन कुमार के बीच झगड़ा शुरू हो गइल । उनका के बाप-बेटा दुनो पीट-पीट के हत्या क देले। एकरा बाद माई के हड़बड़ी में इलाज खातीर सिलाव प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र में भर्ती करावल गइल। जहां से उनका के बेहतर इलाज खातीर उच्च केंद्र में रेफर कs दिहल गइल। शुक्रवार के इलाज के दौरान उनकर मौत हो गइल।

परिवार के लोग बतवले कि दु फीट जमीन के विवाद करीब 10 साल से चलत बा। आरोपी दु फीट जमीन ले चुकल रहले आ जगह के मांग करत रहले। एह मामिला के लेके हमेशा झगड़ा होखत रहे।

ए मामिला में सिलव थाना प्रमुख इरफान खान बतवले कि, पंकी गांव में पहिले के विवाद के चलते बदमाश घर में घुस के लड़ाई लड़ले रहले। जवना में एगो महिला गंभीर रूप से घायल हो गइल। इलाज के दौरान उनकर मौत हो गइल। ए मामिला में पुलिस तुरंत कार्रवाई करत आरोपी मिथिलेश सिंह आ कुंदन कुमार, दुनो बाप-बेटा के गिरफ्तार कs लेलस। एही बीच लाश के पोस्टमार्टम के बाद परिवार के सौंप दिहल गइल बा। फिलहाल पुलिस पूरा मामला के जांच में व्यस्त बिया।

Tags :
Bhojpuri khabarBihar Breaking Newsbihar newsbreaking newsKhabar Bhojpuri NewskhabarBhojpuriOfficialNalanda NewsNalanda police
Advertisement
Next Article