टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

देहरादून से बिहार के दुगो परीक्षा माफिया अरेस्ट : निशानदेही पs कइयन जगे छापा, एसटीएफ पूछताछ खातिर सात लोगन के उठवलस 

10:42 AM Apr 29, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

बिहार के रहे वाला दुगो परीक्षा माफिया जितेश कुमार आ राहुल कुमार के देहरादून से गिरफ्तार कइल गइल बा। ई दुनो कइयन गो पेपर लीक ममिलन के मुख्य आरोपी बा लो। दुनो जालसाज एह दिनन देहरादून में रह के अलग-अलग संस्थानन के ऑन पेपर के लीक करावे के काम करत रहलें सs। एह दुनो के गिरफ्तारी उज्जैन से पकड़ल गइल आरोपियन के निशानदेही पs भइल। दुनो के लगे से पुलिस एगो लैपटॉप, तीन मोबाइल आ चार अभ्यर्थियन के एडमिट कार्ड बरामद कइले बिया।

Advertisement

ओइसे, पुलिस के सूचना पाके पेपर लीक ममिला के दुगो आरोपी कुलवीर आ गौरव यादव फरार हो गइल लो। पुलिस बहुते जल्दी एह दुनु के बिहार लेके आई। एकनी के निशादेही पs पटना, नालंदा आ गया में देर रात छापेमारी कs के सात लोगन से एह ममिला में पूछताछ कs रहल बिया।

देहरादून में करावत रहलें सs पेपर लीक

तमिलनाडु के एगो नामी निजी विश्विद्यालय के इंट्रेंस टेस्ट होत रहे। ई इंट्रेंस टेस्ट देस में कइयन जगहन पs ऑन लाइन हो रहल बा। ई चारो शातिर देहरादून के एगो ऑफिस में बइठ के एही पेपर के लीक करावत रहले सs। देहरादून पुलिस के सूचना मिलल रहे कि कुछ गिरोह ऑनलाइन सेंटर पs फर्जीवाड़ा कs रहल बाड़ें सs। एकरा बाद टीम सहस्त्रधारा रोड पs एडु चॉइस कंसलटेंसी में छापा मरलस।

देहरादून पुलिस बतवलस कि पुलिस जब उहां पहुंचल तs देखलस कि पेपर लीक करावे के पूरा इंतजाम कइल गइल बा। उहां से कइयन राज्यन में अलग-अलग अलग लईकन के आंसर भेजल जा रहल बा। सीतामढ़ी के रुन्नीसैदपुर के रहे वाला जितेश कुमार आ मुजफ्फरपुर के काजी मुहम्मदपुर के रहे वाला राहुल कुमार के गिरफ्तार कइल गइल बा। ओहिजा, एह गिरोह के सरगना कुलवीर आ गौरव यादव फरार हो गइलें सs।

मोटा रकम लेके करत रहलें सs सेटिंग

जितेश आ राहुल पुलिस के बतवलें सs कि मोट रकम लेके इंट्रेंस टेस्ट में पास करावे के ठेका हमनी लोगन से लेत रहनी सs। अबकियो बेर हमनी के सब सेटिंग कs लेले रहनी सs। कामो सुरू हो गइल रहे। सीधे सर्वर रूम से अभ्यर्थियन के कम्प्यूटर के एक्सेस लेके सीधे सॉल्वर के माध्यम से प्रश्नपत्र सॉल्व करावत रहनी सs। तब ले पुलिस आ गइल। एही बीच खाना ले आवे गइल। हमनी के दुनो साथी फरार हो गइल लो।

का कहत बिया पुलिस

देहरादून के एसएसपी अजय कुमार सिंह बतवलें कि जितेश आ राहुल के गिरोह देहरादून के अलावे रुड़की, मुरादाबाद, बैंगलोर, रूढ़की आ मथुरा के कुछ ऑनलाइन सेंटर के मिलकार उहां फर्जीवाड़ा कइले बा। झारखंड के प्रांजल आ सहरसा के हर्ष एह गिरोह खातिर सॉल्वर के काम करत बा। बिहार के बढ़िया संस्थान में पढ़े वाला तीन छात्रन के नाम सॉल्वर के रूप में आइल बा। पुलिस पटना एसटीएफ के संपर्क में बिया। पटना एसटीएफ एकनी के बारे में जानकारी जुटाने में लागल बिया।

Tags :
bihar newsDehradun newsExam MafiaPaper leakSTF In ActionTwo arrested
Advertisement
Next Article