टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihta Airport Update: खुशखबरी... बिहटा एयरपोर्ट के लेके आइल नया जानकारी; पटना वालन के परेशानी जलदिए होई दूर

11:42 AM Aug 17, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

बिहार के उपमुख्यमंत्री सम्राट चौधरी बिहटा हवाई अड्डा के लेके खुशखबरी देले बाड़े। जानकारी देत उऽ कहले कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अध्यक्षता में केंद्र सरकार बिहटा हवाई अड्डा के निर्माण खातिर 1413 करोड़ रुपया के आवंटन कइले बिया। अब एकरा खातिर काम जल्दिए शुरू हो जाई। एहसे स्थानीय लोग के समस्या दूर हो जाई।

Advertisement

केंद्र सरकार बिहटा हवाई अड्डा के अधूरा काम पूरा करे खातिर बियफे के दिने 1413 करोड़ रुपिया के आवंटन कइलस। राशि मिलला के बाद जिला प्रशासन जल्दिए हवाई अड्डा के विस्तार खातिर जरुरी जमीन हवाई अड्डा प्राधिकरण के उपलब्ध करा दिही।

उपमुख्यमंत्री आ वित्त मंत्री सम्राट चौधरी बतवले अब जमीन उपलब्ध होखला के बाद समय सीमा में विमानस्थल के निर्माण कार्य पूरा हो जाई।

कई साल से पटना में एगो अवुरी हवाई अड्डा के मांग रहे।

दरअसल हवाई यातायात पs बोझ बढ़ला के बाद कई साल तक पटना में एगो अवुरी हवाई अड्डा के मांग रहे, ओकरा बाद वित्तीय वर्ष 2015-16 में बिहटा में इस्थित वायुसेना के हवाई अड्डा के हवाई अड्डा में बदले के योजना बनल। एकरा खातिर हवाई अड्डा प्राधिकरण राज्य सरकार से जमीन के मांग कइले रहे।

बाकिर जमीन जल्दिए हवाई अड्डा प्राधिकरण के सौंपल जाई

अब एयरपोर्ट खातिर 108 एकड़ जमीन उपलब्ध करावल गइल बा। एकरा प बाउंड्री वॉलो बनावल गइल बा। अब बाकी जमीन के साफ कऽ के जल्दिए एयरपोर्ट अथॉरिटी के सौंपल जाई।

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के धन्यवाद। केंद्र सरकार बिहटा हवाई अड्डा के निर्माण खातिर 1413 करोड़ रुपया के आवंटन कइले बिया। अब जल्दिए काम में तेजी आई। -समराट चौधरी, उपमुख्यमंत्री आ वित्त मंत्री

बिहटा में बनल नया इंटीग्रेटेड टर्मिनल भवन 66000 वर्ग मीटर में फइलल होई।

बिहटा में बनल नया इंटीग्रेटेड टर्मिनल भवन 66 हजार वर्ग मीटर में फइलल होई। पीक आवर में 3000 यात्री के क्षमता होई। एकर सालाना क्षमता 50 लाख यात्री के होई। जरूरत पड़ला पर क्षमता के अउरी बढ़ा के 50 लाख कर दिहल जाई। कुल क्षमता मात्र एक करोड़ यात्री के होई। एह परियोजना में एप्रन, टू लिंक टैक्सीवे के निर्माण शामिल बा जवन ए-321, बी-737-800, ए-320 टाइप के विमान खातिर उपयुक्त 10 पार्किंग बे उपलब्ध करावे में सक्षम बा

Tags :
Airport Biharbihta patnakhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsPatna airport newsPatna News
Advertisement
Next Article