टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Share Market Holiday: आज ना होई स्टॉक के खरीद-बिक्री, जानीं कवना कारण बंद बा शेयर बाजार

02:02 PM May 20, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

हर हफ्ता सनीचर आ अतवार के शेयर बाजार (Share Market) बंद रहेला। एकरा अलावे राष्ट्रीय आ क्षेत्रीय त्योहार के मवका पs शेयर बाजार में कवनो कारोबार ना होला। आज शेयर बाजार में अतिरिक्त छुट्टी बा।

Advertisement

रउआ के बता दीं कि आज लोकसभा चुनाव के पांचवां चरण (Lok Sabha Election Phase 5) के वोटिंग हो रहल बा। मुंबई में आजो वोटिंग हs। एह वजह से आज नेशनल स्टॉक एक्सचेंज (NSE) आ बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज (BSE) में कवनो कारोबार ना होई। रउआ के बता देम कि एह महीना साप्ताहिक छुट्टी के अलावे कवनो आ दिन में स्टॉक मार्केट बंद ना रही।

का कमोडिटी मार्केट बंद बा?

इलेक्शन वोटिंग के वजह से आज कमोडिटी आ इलेक्ट्रॉनिक गोल्ड रिसीट (EGR) सेगमेंट बंद बा। आज सबेरे नौ बजे से सांझ पांच बजे तक एह सेगमेंट में ट्रेडिंग ना होई। बाकिर, सांझ के सेशन माने पांच बजे से सबेरे नौ बजे तक खातिर कमोडिटी मार्केट (MCX) चालू रही।

ओहिजा, नेशनल कमोडिटी एक्सचेंज (NCDEX) आज बंद बा। NCDEX में दुनो सेशन में ट्रेडिंग ना होई।

आवे वाला महीनन में कब बंद रही बाजार

बीएसई कावर से जारी शेयर मार्कट हॉलिडे लिस्ट के अनुसार जून, जुलाई, अगस्त आ अक्टूबर में साप्ताहिक छुट्टी के अलावा 1-1 दिन के छुट्टी होई। एकरा अलावे नवंबर में दु दी आ दिसंबर महीना में एक दिन बाजार बंद होई। एकर मतलब बा कि एह दिन सेंसेक्स (Sensex) आ निफ्टी (Nifty) में कवनो कारोबार ना होई।

पिछला हफ्ता कइसन रहे बाजार

पिछला कारोबारी हफ्ता में बाजार छव दिन खुलल रहे। सनीचर के बाजार के दुनो सूचकांक स्पेशल ट्रेडिंग खातिर खुलल रहे। जदि बात बाजार के कारोबार के करीं तs ओमे उतार-चढ़ाव जारी बा। 18 मई 2024 के सेंसेक्स 88.91 अंक चढ़के 74,005.94 अंक पs बंद भइल। ओहिजा, निफ्टियों 35.90 अंक के तेजी के संगे 22,502.00 अंक पs पहुंच गइल।

Tags :
Bhojpuri NewsholidayMarket ClosedNiftySensexSHARE BazarShare MarketShare Market HolidayTrading
Advertisement
Next Article