टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

BJP: महाराष्ट्र, हरियाणा समेत एह राज्यन में भाजपा चुनलस चुनाव प्रभारी; शिवराज के एह राज्य के जिम्मा

09:20 PM Jun 17, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

BJP: भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) अपना दिग्गज नेता लो के अलग-अलग राज्यन के चुनाव के जिम्मेदारी सउंपले बिया। एकरा साथही पार्टी पंजाब आ पश्चिम बंगाल में होखे वाला उपचुनाव खातिर उम्मीदवारन के नांव के एलानो कइले बिया। पार्टी सोमार के बतवलस कि केंद्रीय मंत्री भूपेंद्र यादव के महाराष्ट्र के चुनाव प्रभारी आ केंद्रीय मंत्री अश्विनी वैष्णव के सह-प्रभारी नियुक्त कइल गइल बा। एकरा अलावा केंद्रीय धर्मेंद्र प्रधान के हरियाणा के चुनाव प्रभारी आ सांसद बिप्लब कुमार देव के सह-प्रभारी बनावल गइल बा। पार्टी मध्य प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री आ केंद्रीय मंत्री शिवराज सिंह चौहान के झारखंड के चुनाव प्रभारी नियुक्त कइले बिया। उनका साथे असम के मुख्यमंत्री हिमंत बिस्व सरमा के सह-प्रभारी बनाया गइल बा। पार्टी जी किशन रेड्डी के जम्मू आ कश्मीर खातिर चुनाव प्रभारी नियुक्त कइले बिया।

Advertisement

एकरा साथही पार्टी पंजाब आ पश्चिम बंगाल में होखे वाला विधानसभा उपचुनाव खातिर नामन के एलान कऽ देले बिया। भाजपा पंजाब के जालंधर पश्चिम (एससी) से शीतल अंगुराल के उम्मीदवार बनवलस। एकरा अलावा पश्चिम बंगाल के रायगंज से मानस कुमार घोष, रानाघाट दक्षिण (एससी) से मनोज कुमार बिस्वास, बागदा (एससी) से बिनय कुमार बिस्वास आ मानिकतला से कल्याण चौबे भट्टाचार्य के उम्मीदवार बनवले बिया।

 

Tags :
BjpBJP BangalBJP GovernmentBJP hariyanaelection newsNarendra ModiPoltics News
Advertisement
Next Article