For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

भाजपा उम्मीदवार सूची : यूपी से सात नाम; चंद्रशेखर, केशरीनाथ त्रिपाठी के बेटा के मौका मिलल, रीता बहुगुणा के टिकट रद्द

02:32 PM Apr 10, 2024 IST | Raj Nandani
भाजपा उम्मीदवार सूची   यूपी से सात नाम   चंद्रशेखर  केशरीनाथ त्रिपाठी के बेटा के मौका मिलल  रीता बहुगुणा के टिकट रद्द
Advertisement

लोकसभा चुनाव 2024, भाजपा उम्मीदवार सूची : अब लोकसभा चुनाव में अभी कुछ दिन बाचल बा। एकरा खातीर भाजपा बुधवार के एगो अवुरी सूची जारी कइले बिया। एह सूची से कई गो बइठल सांसदन के टिकट काट दिहल गइल बा।

Advertisement

भारतीय जनता पार्टी लोकसभा चुनाव खातिर आपन दसवां उम्मीदवारन के सूची जारी कइले बिया । एह सूची में नौ गो उम्मीदवारन के एलान हो गइल बा । चंडीगढ़ के अलावे उत्तर प्रदेश आ पश्चिम बंगाल के आसनसोल के सात गो लोकसभा सीट पर उम्मीदवारन के एलान हो गइल बा ।

किरोन खेर के टिकट रद्द हो गइल

चंडीगढ़ से बइठल सांसद किरोन खेर के टिकट रद्द कर दिहल गइल बा । इहाँ से पार्टी उनका जगहा संजय टंडन प भरोसा जतवले बिया। टंडन चंडीगढ़ भाजपा के अध्यक्ष रहल बाड़े। एकरा अलावे पूर्व केंद्रीय मंत्री एसएस अहलुवालिया के आसनसोल से उम्मीदवार बनावल गइल बा। एकरा से पहिले पार्टी भोजपुरी अभिनेता पवन सिंह के टिकट देले रहे। टिकट मिलला के 24 घंटा के भीतर पवन सिंह चुनाव के मैदान से पीछे हट गइल रहले। अहलुवालिया के मुकाबला टीएमसी के सांसद शत्रुघ्न सिन्हा से होखी । पिछला लोकसभा चुनाव में अहलूवालिया राज्य के बरधामन दुर्गापुर सीट से जीतल रहले । अबकी बेर भाजपा प्रदेश अध्यक्ष रहल दिलीप घोष के टिकट दे दिहले बिया।

यूपी के सात उम्मीदवारों की घोषणा

ए सूची में सात उम्मीदवार उत्तर प्रदेश के बाड़े। सपा प्रमुख अखिलेश यादव के पत्नी डिंपल यादव के खिलाफ भाजपा के उम्मीदवार जयवीर सिंह होइहे। एकरा अलावे पार्टी बलिया से नीरज शेखर के आपन उम्मीदवार बना देले बिया। शेखर पूर्व प्रधानमंत्री चंद्रशेखर के बेटा हवे आ फिलहाल राज्यसभा के सांसद बाड़े। बइठल सांसद वीरेंद्र सिंह मस्त के टिकट एहिजा से रद्द कर दिहल गइल बा ।

 प्रयागराज के दुनो सांसद के टिकट रद्द

प्रयागराज जिला के दुनो सीट प उम्मीदवार बदल गइल बा। बइठल सांसद रीता बहुगुणा जोशी आ केसरी देवी पटेल के टिकट नइखे दिहल गइल । नीरज त्रिपाठी के इलाहाबाद सीट से मौका दिहल गइल बा । नीरज भाजपा के दिग्गज नेता केशरी नाथ त्रिपाठी के बेटा हवे। केशरी नाथ पूर्व राज्यपाल आ यूपी विधानसभा के अध्यक्ष रहलें। जिला के फुलपुर लोकसभा सीट से प्रवीण पटेल के उम्मीदवार बनावल गइल बा। प्रवीण फिलहाल फुलपुर से विधायक बाड़े।

 अफजल के खिलाफ पारस नाथ

पार्टी एक बेर फेरु कौशाम्बी लोकसभा सीट से विनोद सोनकर के टिकट दे दिहलस। सोनकर इहाँ से वर्तमान सांसद बाड़े। एकरा अलावे मछलीशहर से बइठल सांसद बीपी सरोज के मैदान में उतारल गइल बा। संगही भाजपा पारस नाथ राय के गाजीपुर सीट से उम्मीदवार बना देले बिया। पारस के मुकाबला 2019 में बसपा के टिकट प जीतल अफजल अंसारी से होई, अबकी बेर अफजल सपा के टिकट प इहाँ से चुनाव लड़तारे।

Tags :
Advertisement