टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

UP Vidhan parishad: विधान परिषद चुनाव खातिर भाजपा घोषित कइलस प्रत्याशी, सात उम्मीदवार उतरलस

05:22 PM Mar 09, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र सिंह चौधरी।
Advertisement

भाजपा यूपी में होखे वाला विधान परिषद चुनाव खातिर प्रत्याशियन के घोषणा कs देले बिया।

Advertisement

पार्टी प्रदीप उपाध्यक्ष, विजय बहादुर पाठक, डॉ. महेंद्र सिंह, अशोक कटारिया के फेर से मवका देले बिया। एकरा अलावे, प्रदेश उपाध्यक्ष संतोष सिंह, डॉ धर्मेंद्र सिंह, मोहित बेनीवाल आ राम तीरथ सिंह के टिकट दिहल गइल बा।

विधान परिषद के एह चुनाव में विधान सभा के सदस्य वोट दी लो। पांच मई के कुल 13 सीट रिक्त होई, जवना खातिर चुनाव करावल जा रहल बा।

13 सीटन पs होखे वाला चुनाव में भारतीय जनता पार्टी 10 सीटन पs उम्मीदवार उतारी। एमे 9 सीट पs भाजपा के प्रत्याशी होई लो। एक सीट अपना दल एस के गठबंधन में दिहल जाई। अपना दल (एस ) के कार्यकारी राष्ट्रीय अध्यक्ष आशीष पटेल प्रत्याशी होइहें।

ओने, समाजवादी पार्टी आपन प्रत्याशी लगभग तय कs लेले बिया। पार्टी आपन प्रदेश अध्यक्ष नरेश उत्तम पटेल, पूर्व मंत्री बलराम यादव आ पूर्व विधायक शाह आलम उर्फ गुड्डू जमाली के विधान परिषद में भेजी। एह पs पार्टी में उच्चस्तर पs सहमति बन चुकल बा, खाली औपचारिक घोषणा भइल बाकी बा।

पांच मई के एह सदस्यन के पूरा हो रहल बा कार्यकाल

भाजपा के यशवंत, विजय बहादुर पाठक, विद्यासागर सोनकर, डॉ. सरोजनी अग्रवाल, अशोक कटारिया, अशोक धवन, बुक्कल नवाब, महेंद्र कुमार सिंह, निर्मला पासवान, मोहसिन रजा, अपना दल (एस ) के आशीष पटेल, बसपा के भीमराव आंबेडकर आ सपा के नरेश उत्तम पटेल के कार्यकाल पांच मई के समाप्त हो रहल बा।

Tags :
Bharatiya Janata PartyBhojpuri NewsBjpList of MLC Candidatesmlc electionSamajwadi Party
Advertisement
Next Article