For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bihar News : पटना में भाजपा नेता के हत्या; दोकान पs बइठल रहस, अपराधी आके विवाद करे लगलें सs, विरोध कइला पs मरलें गोली

10:13 AM Aug 14, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
bihar news   पटना में भाजपा नेता के हत्या  दोकान पs बइठल रहस  अपराधी आके विवाद करे लगलें सs  विरोध कइला पs मरलें गोली
Advertisement

पटना में अपराधी मंगर के देर रात भाजपा नगर मंडल के पूर्व महामंत्री आ दूध कारोबारी के गोलियन से भून डलले सs। आनन-फानन में इलाज खातिर पटना के नालंदा मेडिकल कॉलेज अस्पताल में भर्ती करावल गइल, जहां डॉक्टर लोग उनका के मृत घोषित कs दिहल लो। घटना के सूचना मिलतही पटना सिटी पुलिस मवका पs पहुंचल आ ममिला के छानबीन शुरू कs देलस।

Advertisement

मृतक के पहचान भाजपा नगर मंडल के पूर्व महामंत्री अजय शाह (45) के रूप में भइल बा। घटना के सूचना मिलतही पटना सिटी के पुलिस अनुमंडल पदाधिकारी शरद आरएस सहित आलमगंज थाना के पुलिस मवका पs पहुंचल आ छानबीन शुरू कइलस।

घटना के जानकारी देत पटना सिटी के पुलिस अनुमंडल पदाधिकारी बतवलें कि अमूल दूध के पार्लर चलावे वाला अजय शाह अपना दोकान पs बइठल रहस। एही बीच मोटरसाइकिल से दुगो अपराधी अइलें सs आ कवनो बात के लेके दुनो के बीच विवाद भइल। एही क्रम में अपराधी अजय शाह पर गोली चला देलें सs। अजय शाह गोली लगतही घायल होके गिर पड़लें। आसपास के लोग इलाज खातिर अस्पताल में भर्ती करावल, जहां उनकर मौत हो गइल। ऊ बतवलें कि घटना के बाद पुलिस घटनास्थल पs एफएसएल टीम आ डॉग स्क्वॉयड के बोलवलस। एफएसएल टीम आ डॉग स्क्वायड के माध्यम से ममिला के छानबीन सुरू कs दिहल गइल बा।

दुगो अपराधी दुकान के नजदीक पहुंचलें सs आ..

ऊ बतवलें कि ममिला जमीन विवाद के हो सकत बा। पुलिस पूरा ममिला के गहराई से छानबीन कs रहल बिया। ऊ बतवलें कि घटनास्थल के आसपास के सीसीटीवी के खंगारल जा रहल बा। आसपास के लोग बतावल कि अजय शाह बजरंग पुरी में आपन अमूल पार्लर के दोकान चलावत रहलें। मंगर के देर रात ऊ दोकान बंद करे के तइयारी में रहस।

एही क्रम में मोटरसाइकिल से दुगो अपराधी दोकान के नजदीक पहुंचलें आ कवनो बात के लेके दोकानदार अजय शाह आ अपराधियों के बीच विवाद सुरू हो गइल। एही क्रम में अपराधी अजय शाह पs ताबड़तोड़ तीन गोली चला देलें। उनका के इलाज खातिर अस्पताल में भरती करावल गइल, जहां उनकर मौत हो गइल।

Tags :
Advertisement